[the_ad_group id="30365"]

आलू बैंगन के साथे धोखा! सबसे खराब भोजन के लिस्ट में सामिल; जनता हैरान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

इहे कहावत ह-‘पहिले पेट के पूजा करीं आ फेर कउनो काम दुजा करीं।’ आ इहे कई भारतीयन के जीवन जीए के मंत्र भी हs। अब हर काम से पहिले खाना के रखे वाला लोग खातिर स्वाद पs चर्चा भी जरूरी बा। हाल ही में एगो लिस्ट सामने आइल जवना में हर घर में बनावल एगो बहुते आम सब्जी के ‘सबसे खराब रेटिंग’ वाला सब्जी में शामिल कइल गइल। जइसहीं नाम के खुलासा भइल तs स्वाद प्रेमियन के बीच बहस शुरू हो गइल।

टेस्ट एटलस के एगो सर्वेक्षण में ‘दुनिया के सबसे खराब रेटिंग वाला खाना’ के शामिल कईल गईल। अब खास बात ई बा कि आलू बैंगन के सब्जी के नाम भी ओहमें दर्ज हो गइल बा। एह सूची में आलू बैंगन के सब्जी के 60वां स्थान मिलल बा। हालाँकि, एकरा के ‘साधारण आ स्वादिष्ट’ बतावल गइल बा आ ईs खासतौर पs उत्तरी भारत में लोकप्रिय बा।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]