[the_ad_group id="30365"]

बिहार में सियासी घमसान ? माँझी ‘नॉट रिचेबल’, तीन गो बिधायकन के फोन बंद..

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार के सियासत खातिर सोमार के दिन बेहद अहम होखे वाला बा। नीतीश सरकार के बजट सत्र के दौरान फ्लोर टेस्ट से गुजरे के होई। एकरा से पहिले बिहार में सियासी हलचल तेज हो गइल बा। आरजेडी आ जेडीयू के ओर से अलग-अलग दावा कइल जा रहल बा, सब राजनीतिक दल अपना-अपना विधायकन के अपना- अपना खेमा में बान्हे के परयास करत बा। आरजेडी आ वाम दल के विधायक जहाँ तेजस्वी यादव के सरकारी बंगला पऽ रूकल बा, उहे, बीजेपी के सब विधायक लो के पटना के होटल पाटलिपुत्र एग्जॉटिका में शिफ्ट कइल गइल बा। ओने, जेडीयू अपना विधायकन के चाणक्य होटल में रूके के कहले बाड़े।

नीतीश सरकार के फ्लोर टेस्ट आज 

फ्लोर टेस्ट से पहिले ऐतवार के जेडीयू के विधानमंडल के बइठक भइल। एमे कुल्ह 45 विधायक लो ना पहुँचल। जेडीयू के 4 गो विधायक बीमा भारती, सुदर्शन, दिलीप राय आ रिंकू सिंह मीटिंग में शामिल ना भइल रहे। ऐतने ना, जेडीयू विधायक बीमा भारती, सुदर्शन आ दिलीप राय के मोबाइल फोन भी स्विच ऑफ आ रहल बा। ए विधायकन के अलावा डॉ. संजीवो मीटिंग में ना पहुँचले। बाकिर उऽ पटना से बाहर बाड़न, एकरा के लेके उऽ पार्टी के शीर्ष नेतृत्व से बात कइले बाड़े। ओने जीतनराम मांझीयो के फोन रात 10 बजे के आसपास से स्विच ऑफ आ रहल बा। उनका से संपर्क नइखे हो पावत। बीजेपी नेता नित्यानंद राय जीतनराम मांझी के आवास पर पहुंचले। एक ओर जहाँ आरजेडी दावा कइले बा कि बहुमत परीक्षण से पहिले खेला होई, ओहिजा कांग्रेसो दावा कर रहल बिया कि नीतीश सरकार गिरी। देर रात से NDA के 8 विधायकन से संपर्क नइखे हो पावत। सूत्रन के मुताबिक जेडीयू के 5 आ बीजेपी के 3 गो विधायक संपर्क में नइखे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]