UP Nikay Chunav 2023: गोरखपुर मंडल के चार जिलन में निकाय चुनाव खातिर मतदान जारी, सीएम योगी डलले वोट

Share

UP Nikay Chunav 2023: यूपी निकाय चुनाव खातिर सबेरे सात बजे से मतदान जारी बा। आज गोरखपुर मंडल के चार जिलन माने गोरखपुर, महाराजगंज, देवरिया आ कुशीनगर में वोटिंग हो रहल बा। इहां सबसे पहिले सीएम योगी मतदान कइलें। सुरक्षा के लेके पुलिस तैनात बिया।

पर्याप्त मात्रा में पुलिस तैनात-एसएसपी

गोरखपुर के एसएसपी गौरव ग्रोवर कहलें कि आज एगो नगर निगम आ 11 नगर पंचायतन खातिर मतदान के प्रक्रिया चल रहल बा। सब जगहन पs पर्याप्त मात्रा में पुलिस तैनात कइल गइल बा। पुलिस लगातार पेट्रोलिंग कर रहल बिया। PAC आ BSF तैनात बा। CCTV द्वारा निगरानी कइल जा रहल बा।

भाजपा मेयर पद के प्रत्याशी कइलें मतदान

गोरखपुर के वार्ड संख्या 80 शाहपुर थाना के लगे एसडी एकेडमी में भाजपा मेयर पद के प्रत्याशी डॉ. मंगलेश श्रीवास्तव मतदान कइलें। मतदान के बाद समर्थक लोग के संगे बूथ से बाहर अइलें।

नगरीय बेवस्था के सुदृढ़ आ सुंदर बनावे खातिर मतदान करीं

मतदान के बाद सीएम योगी कहलें कि यूपी में 37 जिलन में निकाय चुनाव खातिर मतदान हो रहल बा। सीएम योगी कहलें कि नगर निकाय के चुनाव के पहिला चरण के आज मतदान सुरू हो चुकल बा। प्रदेश में 4.32 करोड़ से बेसी मतदाता भाग ले रहल बा लो आ ऊ नगरीय बेवस्था के सुदृढ़ या सुंदर बनावे खातिर मतदान करी लो। प्रदेश में राज्य निर्वाचन आयोग चुनाव के सकुशल करावे के सब बेवस्था कइले बा।

सीएम योगी निकाय चुनाव खातिर वोट देलें 

उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ निकाय चुनाव खातिर गोरखपुर के वार्ड संख्या-797 में मतदान कइलें।

साभार: अमर उजाला

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-