एक के बाद एक सूआ से कइयन गो वार… खून से लथपथ होके तड़पत रहे गैंगस्टर टिल्लू, तिहाड़ से खौफनाक Video आइल सामने

By Anurag Ranjan

Published on: May 4, 2023

देस के सबसे सुरक्षित जेल के हाई सिक्योरिटी बैरक के एगो खौफनाक वीडियो सामने आइल बा, जेमे गैंगस्टर सुनील उर्फ टिल्लू ताजपुरिया के मौत के घाट उतारल जा रहल बा। टिल्लू पs एक संगे 3-4

Share

देस के सबसे सुरक्षित जेल के हाई सिक्योरिटी बैरक के एगो खौफनाक वीडियो सामने आइल बा, जेमे गैंगस्टर सुनील उर्फ टिल्लू ताजपुरिया के मौत के घाट उतारल जा रहल बा। टिल्लू पs एक संगे 3-4 लोग सूआ से ताबड़तोड़ हमला कइले रहे। टिल्लू के मौत के बाद पोस्टमॉर्टमो में एह बात के खुलासा भइल रहे कि टिल्लू के देह पs कइयन निशान मिलल बा।

महज 90 सेकेंड में उतारल गइल मौत के घाट

टिल्लू के हत्या के बाद जेल अधिकारी लोग कहले रहे कि टिल्लू के हत्या खाली एक से डेढ़ मिनट के भीतर कइल गइल बा। बियफे के जारी भइल वीडियो में देखल जा सकत बा कि महज 90 सेकेंड में टिल्लू के मौत के घाट उतार दिहल गइल।

देह पs 90 जख्म

बता दीं कि टिल्लू के देह पs 90 जख्मन के निशान मिलल बा। ऊ तिहाड़ जेल संख्या आठ-नौ के हाई रिस्क सिक्योरिटी वार्ड में बंद रहे। एह हाई सिक्योरिटी वार्ड में टिल्लू के हत्या कइल गइल, जवना के बाद कइयन गो जेल अधिकारियन पs सवाल उठ रहल बा।

ग्राउंड फ्लोर पs बंद रहे टिल्लू

तिहाड़ जेल संख्या आठ-नौ के हाई रिस्क सिक्योरिटी वार्ड में बंद रहे। तिहाड़ परिसर के ई एकमात्र अइसन जेल हs, जवना के इमारत दु मंजिला बा। बता दीं कि एह जेल के ग्राउंड फ्लोर पs टिल्लू के वार्ड रहे। ओहिजा, एकरा ठीक ऊपर इस्थित वार्ड में दूसरका आरोपित बंद रहे।

साभार: दैनिक जागरण

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.