होटल आ फोटो स्टेट दुकान में पुलिस कइलस छापेमारी : SDPO बोललें- इंटरमीडिएट परीक्षा में पेपर लीक के लेके चलवाल गइल अभियान, संदिग्ध लोगन की ली गई तलाशी

Share

छपरा शहर के नगर पालिका चौक पs बुध के देर सांझ अचानके दर्जनन के संख्या में पुलिसकर्मी सब होटलन में छापेमारी करत जांच पड़ताल शुरू कs दिहल लो। एक संगे भारी संख्या में पुलिसकर्मियन के छापेमारी के देखे खातिर अगल-बगल लोगन के भीड़ जुट गइल। सदर डीएसपी संतोष कुमार के नेतृत्व में पुलिसकर्मी होटलन के कमरा आ रजिस्टर के चेक करे लागल लो।

पुलिस के एह कार्रवाई के देख सब लोगन में चरचा होखे लागल। तब पुलिस अधिकारी जांच के कारण इंटरमीडिएट परीक्षा के बतावल लो। भ्रष्टाचार आ कदाचार पs रोक लगावे खातिर पुलिस होटलन में तइयारी के दृष्टिकोण से संदिग्ध लोगन के पहचान खातिर तलाशी लिहल जात रहे। बुध के सांझ से देर रात तक अधिकारी आ पुलिस सब होटलन के सघन तलाशी लेत रहल लो।

सब होटलन में कइल गइल जांच

प्रभारी एसडीओ गौरव शंकर बतवलें कि एक फरवरी से सुरू होखे वाला इंटरमीडिएट के परीक्षा के मद्देनजर सब होटलन में जांच पड़ताल कइल जा रहल बा। होटल में रुके वाला सब व्यक्तियन के डाटा के चेक करत सघन तलाशी लिहल जा रहल बा।

संगही सब फोटो स्टेट दुकान पs जांच पड़ताल चलावल  जाई। जवना से कदाचार मुक्त परीक्षा के संपादित कइल जा सके। अवांछित लोग आ परीक्षा संबंधित मटेरियल के लेके छापेमारी आ सघन जांच अभियान चलावल जा रहल बा। जवन आवे आला दिन तक लगातार चलावल जाई।

साभार : दैनिक भास्कर

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-