रोहित बनलें ICC वनडे टीम ऑफ द ईयर के कप्तान: विराट-शमी सहित 6 भारतीय के मिलल जगह; वर्ल्ड चैंपियन ऑस्ट्रेलिया से हेड आ जम्पा सामिल

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 23, 2024

इंटरनेशनल क्रिकेट काउंसिल (ICC) 2023 के वनडे टीम ऑफ द ईयर घोषित कs देले बिया। भारत के वनडे वर्ल्ड कप फाइनल में पहुंचावे वाला कप्तान रोहित शर्मा के टीम के कप्तान बनावल गइल बा भारत

Share

इंटरनेशनल क्रिकेट काउंसिल (ICC) 2023 के वनडे टीम ऑफ द ईयर घोषित कs देले बिया। भारत के वनडे वर्ल्ड कप फाइनल में पहुंचावे वाला कप्तान रोहित शर्मा के टीम के कप्तान बनावल गइल बा भारत के कुल 6 प्लेयर्स के जगह मिलल बा, ओहिजा वर्ल्ड कप विजेता ऑस्ट्रेलिया से ट्रैविस हेड आ एडम जम्पा के सामिल कइल गइल बा।

टीम इंडिया के ओर से विराट कोहली, शुभमन गिल, मोहम्मद शमी, मोहम्मद सिराज आ कुलदीप यादव टीम ऑफ द ईयर में जगह बनवले बा लो।

साउथ अफ्रीका से दुगो, न्यूजीलैंड से एगो खिलाड़ी
2023 के टीम ऑफ द ईयर में चार देसन के 11 प्लेयर्स चुनल गइल लो। एमे भारत के छव, ऑस्ट्रेलिया आ साउथ अफ्रीका के दु-दु आ न्यूजीलैंड के एगो खिलाड़ी सामिल बा। साउथ अफ्रीका से विकेटकीपर हेनरिक क्लासन आ ऑलराउंडर मार्को यानसन के जगह दिहल गइल। ओहिजा न्यूजीलैंड से डेरिल मिचेल जगह बनावे में कामयाब रहल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.