2 लोगन के मौत के बाद एक्शन में पुलिस: सीवान में 11 लोग गिरफ्तार, DM-SP के आदेसs पs कार्रवाई जारी

लकड़ी नबीनगंज thama

Share

सीवान। जिला के लकड़ी नबीगंज में संदिग्ध परिस्थितियन में दु लोगन के मौत के बाद पुलिस रातभर गांव में छापेमारी कइलस। एह कार्रवाई में कुल 11 लोगन के गिरफ्तार कइल गइल बा। एमे 6 लोग अवैध शराब बेचे वाला बा, जबकि 5 लोग शराब पीये वाला बतावल गइल बा।

घटना के बाद इलाका में तनाव के माहौल बा। पुलिस ममिला के गहन जांच कs रहल बा आ दोषियन के खिलाफ कड़ा कार्रवाई के बात कहले बा। अवैध शराब के कारोबार एह घटना के संभावित कारण मानल जा रहल बा। बतावल जा रहल बा कि गिरफ्तार लोगन में दुगो महिला सामिल बा लो।

एह छापेमारी के दौरान बड़ संख्या में पुलिस बल के जवान मवजूद रहे। बता दीं की जिला अधिकारी मुकुल कुमार गुप्ता आ पुलिस अधीक्षक अमितेश कुमार के निरदेस के बाद लगातार शराब माफियन पs नकल कसे खातिर छापेमारी अभियान चलावल जा रहल बा।

कुछो बोले से इनकार कs रहल बिया पुलिस

लकड़ी नबीगंज थाना प्रभारी अजीत कुमार सिंह से जब एह बारे में बात कइल गइल तs ऊ कुछो साफ-साफ ना बतावल आ गिरफ्तारी के बारे में स्पष्ट रूप से जानकारी नइखे देलें।

साभार: दैनिक भास्कर

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-