बदमाश मोमोज बेचे वाला युवक पs फेंकलस फेविक्विक, आंख आ मुंह चिपकल; तलाश में जुटल पुलिस

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 16, 2024

    आजकल शहर में बदमाश के मनोबल बहुत ऊँच हो गईल बा। अपराधी अपराध कईला के बाद पुलिस के चुनौती देत ​​देखाई देतारे। अबे ले आप लोग एसिड अटैक जईसन घटना देखले सुनले होखब,

Share

 

 

आजकल शहर में बदमाश के मनोबल बहुत ऊँच हो गईल बा। अपराधी अपराध कईला के बाद पुलिस के चुनौती देत ​​देखाई देतारे। अबे ले आप लोग एसिड अटैक जईसन घटना देखले सुनले होखब, बाकीर ग्वालियर शहर में फेविक्विक अटैक के एगो घटना सोझा आईल बा। असल में इहाँ बाइक सवार बदमाश फेविक्विक के मोमो बेचे वाला एगो दोकानदार पs फेंक देलस। घटना के अंजाम देला के बाद आरोपी मौका से फरार हो गईल। फेविक्विक के चलते दोकानदार के आंख अवुरी मुंह चिपक गईल। पुलिस के कहनाम बा कि एs घटना के सिलसिला में प्राथमिकी दर्ज करावल गईल बा। आरोपी के तलाश जारी बा।

बर्न यूनिट मे भर्ती करावल गइल

पिछला कुछ दिन से बदमाश शहर के शांति आ सुकून पs पूरा असर डाल दिहले बा. असल में ग्वालियर जिला के बहोड़ापुर थाना क्षेत्र के मोती झील इलाका में एगो युवक मोमो बेचेला। बाइक सवार दुगो अनजान बदमाश एs युवक पs फेविक्विक फेंक देले। फेविक्विक के चलते युवक गंभीर रूप से घाही हो गईल। युवक के आँख मुंह चिपकल बा। घटना के बाद घाही के इलाज खातीर जयारोग्य अस्पताल के बर्न यूनिट वार्ड में भर्ती करावल गईल बा, जहां उनुकर इलाज चलता। आरोपी बदमाश मौका से फरार हो गईल बाड़े।पुलिस एs समूचा मामला के लेके प्राथमिकी दर्ज करवले बिया। आरोपी जल्दिए पकड़ल जइहें.

 

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.