[the_ad_group id="30365"]

कवि अरुण आदित्य के दीहल जाई पहिला आयाम सम्मान-2022

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

विमर्श केंद्रित संस्था ‘आयाम’ साहित्य-संस्कृति के क्षेत्र में उल्लेखनीय कार्य खातिर वर्ष-2022 के आयाम सम्मान कवि अउर पत्रकार अरुण आदित्य के देहले के निर्णय लिहले बानें। उनके 25 दिसंबर के गोरखपुर जर्नलिस्ट्स प्रेस क्लब के सभागार में आयोजित कार्यक्रम में सम्मानित कइल जाई। एह दौरान कवि अरुण आदित्य के एकल काव्य पाठो होई।

संस्था के संयोजक देवेंद्र आर्य बतवलें कि ई सम्मान हर साल साहित्य-संस्कृति के क्षेत्र में उल्लेखनीय काम करे वाले विशिष्ट व्यक्ति के दिहल जाई। वर्ष-2022 खातिर पहिला पुरस्कार प्रतापगढ़ में जनमल अरुण आदित्य के देहल जाई।

अरुण आदित्य के अब ले एगो कविता संग्रह अउर एगो उपन्यास प्रकाशित हो चुकल बा। उनके मध्यप्रदेश साहित्य अकादमी के दुष्यंत पुरस्कार समेत कई पुरस्कारो मिल चुकल बा। एकल काव्य-पाठ ‘मुझे क्यों सुनें’ के शुरुआतो कवि अरुण आदित्य से होई। कार्यक्रम के अध्यक्षता आलोचक अरविंद त्रिपाठी करिहें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]