[the_ad_group id="30365"]

भागीरथी सांस्कृतिक मंच, गोरखपुर द्वारा आयोजित भइल ‘साहित्य महोत्सव 2022’

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भागीरथी सांस्कृतिक मंच गोरखपुर द्वारा अतवार के रैम्पस स्कूल में आयोजित भइल। एह कार्यक्रम के उद्घाटन सत्र के मुख्य अतिथि- प्रदीप मिश्र मृगांक अजनबी, अध्यक्ष, नारायणी साहित्य अकादमी, उत्तर प्रदेश अउर अध्यक्षता -डा.वेद प्रकाश पाण्डेय, चर्चित पुस्तक शहरनामा गोरखपुर के सम्पादक अउर विशिष्ट अतिथि के रूप में श्री अरविन्द शर्मा, पूर्व सहायक निबंधन लखनऊ उपस्थित रहनें।

कार्यक्रम के संचालन आकृति विज्ञा ‘अर्पण’ कइली। कार्यक्रम के शुभारंभ, दीप प्रज्वलन अउर माई सरस्वती अउर भिखारी ठाकुर के चित्र पर अतिथियन द्वारा माल्यार्पण अउर पुष्पाजंलि क के भइल। एकरे बाद स्वस्ति वाचन पं.निरंकार शुक्ल ‘साकार कइलें।।

तदुपरांत ‘यादों के साये में'(सांझा ग़ज़ल संग्रह) अउर ‘भागीरथी वार्षिक साहित्यिक पत्रिका’ के लोकार्पण भइल। जेमें शहर के लब्ध प्रतिष्ठित रंगकर्मी अउर निर्देशक, वरिष्ठ पत्रकार, साहित्यकारन के सम्मान कइल गइल। जेमें मुख्य रूप से प्रो.अनन्त मिश्र अउर श्री यशवीर सिंह के भागीरथी सम्मान देहल गइल। बेतिया,बिहार से पधारल श्री वशिष्ठ द्विवेदी जी के भागीरथी भोजपुरी रत्न सम्मान, जय प्रकाश नायक के देवेन्द्र बंगाली सम्मान, अशोक महर्षि के भरत मुनि नाट्य सम्मान, डॉ.उपेन्द्र प्रसाद के आचार्य रामचंद्र शुक्ल सम्मान, बलदेव त्रिपाठी के रांगेय राघव सम्मान, भागीरथी साहित्य रत्न पुरस्कार सुधीर श्रीवास्तव’नीरज’ के अउर कौशल पाण्डेय’नादान’, निखिल पांडेय, प्रेमनाथ द्विवेदी , श्रीमती सरिता सिंह के भागीरथी साहित्य प्रागल्भ्य पुरस्कार दिहल गइल अउर ‘यादों के साये में’ (एगो साझा ग़ज़ल संग्रह) में प्रतिभाग करे वालन के शायरन के प्रशस्ति- पत्र देहल गइल अउर शुभाशंसा सम्मान से शहर के मानल जानल डॉक्टर प्रदीप कुमार , समाजसेवी श्री अरविन्द शर्मा, रंगकर्मी अउर निर्देशक अजीत प्रताप सिंह के सम्मानित कइल गइल।

एकरे बाद कवि सम्मेलन के अध्यक्षता श्री हरिवंश शुक्ल ‘हरीश’ जी अउर संचालन प्रेमनाथ मिश्र कइलें। जेमें कुशीनगर से डॉक्टर इम्तियाज समर ,अर्शी बस्तवी, अब्दुल हमीद आरजू, शैलेंद्र असीम,कृष्णा श्रीवास्तव, जगदीश खेतान, रीना मिश्रा, देवरिया से अंजू विश्वकर्मा अवि आदि सहित करीब 30 कवि लोग प्रस्तुति दीहल।

समापन सत्र के मुख्य अतिथि – हरि प्रसाद सिंह, पूर्व सदस्य , संगीत नाटक अकादमी, लखनऊ, अध्यक्षता- श्री अरुण ब्रम्हचारी अउर विशिष्ट अतिथि- श्री विवेक श्रीवास्तव, प्रबंधक,रैम्पस स्कूल, अउर डा. ए पी गुप्ता, पूर्व आई एम ए अध्यक्ष गोरखपुर रहलें।

एकरे बाद अजीत प्रताप सिंह (निदेशक रंगमंडल, गोरखपुर) द्वारा निर्देशित एकल नाटक ‘हम तो ऐसे ही है’ के मंचन भइल। एकरे बाद भोजपुरी के श्लाका पुरुष भिखारी ठाकुर जी के जयंती पs उनके कृति ‘विदेशिया’ के गायन विजय शंकर विश्वकर्मा , एकता शुक्ल अउर उनके साथी लोग कइल।

कार्यक्रम के सहयोग में ‌‌ कुन्दन वर्मा ‘पूरब’ , संजय सिंह, संजीव सिन्हा, बृजेश राय , आदित्य , बद्री विश्वकर्मा आदि लोग बनल रहल। आखिर में सब के प्रति भागीरथी सांस्कृतिक मंच के प्रबंधक सत्यनारायण ‘पथिक’ कइलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]