कश्मीर दौरा पs PM मोदी, सोनमर्ग टनल के कइले उद्घाटन, सीएम अब्दुल्ला आ LG सिन्हा मौजूद

Minee Upadhyay
पीएम मोदी
- Sponsored Ads-

भारत के प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी सोमार के दिने जम्मू कश्मीर चहुँप गइलन. इहाँ पीएम मोदी सोनमर्ग टनल के उद्घाटन कईले। एह टनल शुरू भइला के बाद आम जनता के साथे देश के सशस्त्र बलन के भी भारी फायदा मिले के उमेद बा.  जेड मोड टनल श्रीनगर-लेह हाईवे (एनएच-1) पs बनल बा। ई टनल डबल लेन हवे आ एकर लंबाई 6.4 किलोमीटर ले बा। ई डबल लेन टनल श्रीनगर से सोनमर्ग से जोड़ दी.

मौसम के सगरी कनेक्टिविटी उपलब्ध होखी

- Sponsored Ads-

जाड़ा के मौसम में बर्फबारी के कारण एह इलाका के राजमार्ग 6 महीना ले बंद रहेला। हालांकि अब जेड मॉड टनल के उद्घाटन के बाद लोग के टनल से हर मौसम के कनेक्टिविटी मिल जाई। एह परियोजना से स्थानीय अर्थव्यवस्था के बढ़ावा मिले के उमेद बा आ एह इलाका में बेरोजगारी खतम करे में मदद मिले के उमेद बा.

सेना के भी फायदा होई
जेड-मोड़ सुरंग के मदद से श्रीनगर से सोनमर्ग के बीच यात्रा के समय में भी काफी कमी आईल बा। एह सुरंग के मदद से सेना के भी फायदा होई। पहिले ए रूट पs ट्रेन घुमावदार सड़क पs 30 किलोमीटर प्रति घंटा के रफ्तार से चलत रहे। हालांकि अब इs गाड़ी 70 किलोमीटर प्रति घंटा तक के रफ्तार से चली। एकरा संगे प्रति घंटा 1000 गाड़ी जेड टर्न सुरंग से गुजर सकेले। सुरंग के निर्माण के बाद द्रास आ कारगिल जइसन इलाका के भी साल भर मुख्य क्षेत्र से जोड़ल जाई। 

इहो पढ़ीं :Bihar DElEd 2025 खातीर रजिस्ट्रेशन शुरू, 12वीं पास करीं अप्लाई, 27 फरवरी के होई परीक्षा

- Sponsored Ads-

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।
Leave a Comment