[the_ad_group id="30365"]

PM मोदी करिहें ‘जेड मोड़’ सुरंग के उद्घाटन, आम लोगन के साथे सेना के भी बड़ फायदा

PM मोदी करिहें 'जेड मोड़' सुरंग के उद्घाटन
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारत के प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी सोमार के दिने जम्मू-कश्मीर के गांदरबल के दौरा करे जात बाड़न. पीएम मोदी इहाँ ‘जेड मोड’ सुरंग के उद्घाटन करे जा रहल बाड़े। एह सुरंग शुरू भइला के बाद आम जनता के साथे देश के सशस्त्र बलन के भी बड़हन बढ़ावा मिले के उमेद बा. जेड मोड सुरंग श्रीनगर-लेह हाईवे (एनएच-1) पs बनल बा। ई सुरंग डबल हवे आ एकर लंबाई 6.4 किलोमीटर ले बा।  ई डबल लेन सुरंग श्रीनगर से सोनमर्ग से जोड़ दी.
बर्फबारी के चलते एह इलाका के राजमार्ग 6 महीना ले बंद रहेला। हालांकि अब जेड मॉड सुरंग के उद्घाटन के बाद लोग के सुरंग से हर मौसम के कनेक्टिविटी मिल जाई।  एह परियोजना से स्थानीय अर्थव्यवस्था के बढ़ावा मिले के उमेद बा आ एह इलाका में बेरोजगारी खतम करे में मदद मिले के उमेद बा.
असल में जाड़ा में सोनमर्ग के नजारा बहुत सुंदर होखेला, बाकिर सड़क बंद होखला के चलते पर्यटक के इहाँ आवे में समस्या के सामना करे के पड़ेला।  हालांकि अब जेड मोड़ सुरंग के मदद से श्रीनगर अवुरी सोनमर्ग के बीच साल भर संपर्क के चलते एs जगह के वैश्विक आकर्षण बढ़ जाई।


इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: डिनर कइले के बाद जरूर करीं इs काम,धीरे-धीरे कम हो जाई राउर वजन

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]