[the_ad_group id="30365"]

Bihar DElEd 2025 खातीर रजिस्ट्रेशन शुरू, 12वीं पास करीं अप्लाई, 27 फरवरी के होई परीक्षा 

Bihar DElEd 2025
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार स्कूल परीक्षा बोर्ड प्राथमिक शिक्षा में डिप्लोमा (डीईएलईडी) खातीर रजिस्ट्रेशन प्रक्रिया शुरू कs देले बा। अयीसना में इच्छुक अवुरी पात्र उम्मीदवार आधिकारिक वेबसाइट deledbihar.com पs जाके बिहार डी.एल.एड 2025 के आवेदन पत्र भर सकतारे। आवेदन के दौरान उम्मीदवार के 10वीं, 12वीं अवुरी जाति के प्रमाणपत्र अपलोड करे के होई। सामान्य श्रेणी, ईडब्ल्यूएस, पिछड़ा वर्ग आ बेहद पिछड़ा वर्ग के उम्मीदवारन के 960 रुपिया देबे के पड़ी. जबकि अनुसूचित जाति, अनुसूचित जनजाति अवुरी दिव्यांग श्रेणी के उम्मीदवार के बिहार डी.एल.एड 2025 खातीर 760 रुपया के आवेदन शुल्क देवे के होई। बिहार डी.एल.एड 2025 के रजिस्ट्रेशन के आखिरी तारीख 22 जनवरी 2025 बा। 

डी.एल.एड 2025 खातिर पात्रता

बिहार डी.एल.एड 2025 खातिर आवेदन करे खातिर मान्यता प्राप्त बोर्ड से न्यूनतम 50 प्रतिशत अंक के संगे 12वां पास होखे के चाही। एकरा संगे उम्मीदवार के उमर 1 जनवरी 2025 ले कम से कम 17 साल होखे के चाही। 

बिहार डी.एल.एड 2025 के परीक्षा पैटर्न

बिहार डी.एल.एड 2025 के परीक्षा 27 फरवरी के करावल जाई। इs परीक्षा 150 मिनट के होई, जवना में कुल 120 सवाल होई। बिहार डी.एल.एड 2025 के परीक्षा में हिंदी/उर्दू, गणित, विज्ञान, सामाजिक अध्ययन, सामान्य अंग्रेजी, तार्किक आ विश्लेषणात्मक तर्क के सवाल होखी. हिंदी/उर्दू से 25 गो, गणित से 25 गो, विज्ञान से 20 गो, सामाजिक विज्ञान से 20 गो, सामान्य अंग्रेजी से 20 गो आ तार्किक आ विश्लेषणात्मक तर्क से 10 गो सवाल पूछल जाई. उम्मीदवार के हर सही जवाब पs एक अंक मिली। एह परीक्षा में पास होखे खातिर अनारक्षित श्रेणी के परीक्षार्थियन के 35 फीसदी अंक आ आरक्षित श्रेणी के परीक्षार्थियन के 30 फीसदी अंक लेबे के पड़ी. बिहार डी.एल.एड 2025 एडमिट कार्ड 17 फरवरी के जारी होई

डी.एल.एड परीक्षा का हs

डी.एल.एड के पूरा रूप प्राथमिक शिक्षा में डिप्लोमा (डीईएलईडी) बा। ई परीक्षा प्रथम कक्षा से आठवीं ले के शिक्षकन के नियुक्ति खातिर कइल जाला। एनसीटीई के मंजूर सीट में से दस फीसदी सीट उर्दू शिक्षकन खातिर आरक्षित बा जबकि पांच फीसदी सीट शारीरिक रूप से विकलांग उम्मीदवारन खातिर आरक्षित बा. 

इहो पढ़ीं : सबेरे-सबेरे: जाड़ा में अकड़ जाता गोड़ , तऽ करीं ई yoga…

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]