[the_ad_group id="30365"]

आज देश के कई गो बड़ सौगात देवे जा रहल बाड़े पीएम मोदी, आम लोगन के होई बड़ लाभ

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारत के प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी सोमार के देश के जनता के बहुत बड़ उपहार देवे जा रहल बाड़े। पीएम मोदी सोमार के दिने जम्मू रेलवे के नयका संभाग के उद्घाटन करीहें. एकरा अलावे पीएम रेलवे से जुड़ल अवुरी बहुत परियोजना के उद्घाटन अवुरी शिलान्यास भी करीहे।  प्रधानमंत्री कार्यालय के ओर से दिहल जानकारी के मुताबिक पीएम मोदी तेलंगाना के चारलापल्ली में नयका टर्मिनल स्टेशन के उद्घाटन करीहे अवुरी पूर्वी तट रेलवे के रायगढ़ रेलवे प्रभाग भवन के शिलान्यास करीहे।

जम्मू रेलवे संभाग के बड़ फायदा होई

पीएमओ के दिहल जानकारी के मुताबिक जम्मू रेलवे संभाग के गठन के बाद 742.1 किलोमीटर लंबा ठानकोट, जम्मू, उधमपुर, श्रीनगर, बारामूला, भोगपुर, सिरवाल और बटाला-पठानकोट अवुरी पठानकोट से जोगिन्दर नगर खंड के बहुत फायदा होखे वाला बा .भारत आ क्षेत्र के दोसरा हिस्सा से संपर्क में सुधार होई, जवना से रोजगार के अवसर पैदा होई, बुनियादी ढांचा के विकास होई, पर्यटन के बढ़ावा मिली अवुरी सामाजिक आर्थिक विकास में बढ़ोतरी होई।

बाकी परियोजना से बड़ फायदा

तेलंगाना के मेडचल-मलकाजगिरी जिला में चारलापल्ली न्यू टर्मिनल स्टेशन के रेलवे के ओर से नया कोचिंग टर्मिनल के रूप में विकसित कईल गईल बा। एकरा के लगभग 413 करोड़ रुपया के लागत से तैयार कईल गईल बा।  एकरा निर्माण के बाद सिकंदराबाद, हैदराबाद अवुरी काचीगुडा जईसन शहर के मौजूदा कोचिंग टर्मिनल पs भीड़ कम होई।

एकरा संगे सोमार के पीएम मोदी पूर्वी तट रेलवे के रायगढ़ रेलवे डिवीजन भवन के शिलान्यास भी करीहे।  रायगढ़ रेलवे डिवीजन ओडिशा, आंध्र प्रदेश आ आसपास के इलाकन में कनेक्टिविटी में सुधार करी आ एह क्षेत्र के समग्र सामाजिक आर्थिक विकास के प्रतिनिधित्व करी.

इहो पढ़ीं :सबेरे-सबेरे: सरीर के फिट राखे खातीर रोज करीं इs 3 गो योगासन

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]