[the_ad_group id="30365"]

दिल्‍ली विधानसभा चुनाव खातीर BJP के पहिला सूची जारी, केजरीवाल के खिलाफ प्रवेश वर्मा लड़िहें चुनाव

दिल्ली इलेक्शन
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भाजपा दिल्ली विधानसभा चुनाव खातिर पहिला सूची जारी कइले बिया. भाजपा के पहिला सूची में 29 उम्मीदवार के नाम के घोषणा हो चुकल बा। मालवीय नगर से सतीष उपाध्‍याय, गांधी नगर से अरविंद सिंह लवली आ कालकाजी से रमेश विधुरी के उम्मीदवार बनावल गइल बा. भाजपा नई दिल्ली सीट से प्रवेश वर्मा के अरविंद केजरीवाल के खिलाफ खड़ा कईले बिया।
केकरा के टिकट कहाँ से मिलल 

भाजपा आदर्श नगर से राज कुमार भाटिया, बादली से दीपक चौधरी, रिठाला से कुलवंत राणा, नांगलोगई जाट से मनोज शौकीन, मंगोलपुरी (अजा) से राजकुमार चौहान, रोहिणी से विजेंद्र गुप्ता, शालीमार बाग से रेखा गुप्ता, मॉडल टाउन से अशोक गोयल, करोल बाग (अजा) दुष्यंत कुमार गौतम, पटेल नगर से राज कुमार आनंद, राजौरी गार्डन से सरदार मनजिंदर सिंह सिरसा, जनकपुरी से आशीष सूद,बिजवासन से कैलाश गहलोत, नई दिल्ली से प्रवेश साहिब सिंह वर्मा, जंगपुरा से सरदार तरविंदर सिंह मारवाह, मालवीय नगर से सतीश उपाध्याय, आर के पुरम से अनिल शर्मा, महरौली से गजेंद्र यादव, छतरपुर से करतार सिंह तंवर, अंबेडकर नगर (अजा) से खुशीराम चुनार, कालकाजी से रमेश बिधूड़ी,बदरपुर से नारायण दत्त शर्मा, पटपड़गंज से रवीन्द्र सिंह नेगी, विश्वास नगर से ओम प्रकाश शर्मा, कृष्णा नगर से अनिल गोयल, गांधी नगर से सरदार अरविंदर सिंह लवली, सीमापुरी (अजा)से कुमारी रिंकू, रोहतास नगर से जितेंद्र महाजन व घोंडा से अजय महावर मैदान में उतारल गइल।

प्रवेश वर्मा नई दिल्ली विधानसभा सीट से आप के अरविंद केजरीवाल के खिलाफ चुनाव लड़िहें। करोल बाग से दुष्यंत गौतम, राजौरी गार्डन से मनजिंदर सिंह सिरसा, बिजवासन से कैलाश गहलोत, गांधी नगर से अरविंदर सिंह लवली के टिकट दिहल गइल बा. लवली कांग्रेस के बड़का नेता रहल बाड़े, जे शीला दीक्षित के सरकार में शिक्षा मंत्री भी रहल बाड़े।

आम आदमी पार्टी दिल्ली के सगरी 70 सीट पs आपन उम्मीदवार घोषित कs दिहले बिया. कांग्रेस भी कई सीट पs आपन उम्मीदवार उतारले बिया। अब भाजपा भी 29 उम्मीदवार के नाम घोषित कs देले बिया। जदी सूत्र पs विश्वास करे के बा तs चुनाव आयोग जल्दिए दिल्ली विधानसभा चुनाव के तारीख के घोषणा कs सकता। फरवरी के शुरुआत में चुनाव हो सकेला. दिल्ली में पिछला 10 साल से आम आदमी पार्टी के सरकार बा। भाजपा के दावा बा कि अबकी बेर आप के सत्ता से हटा के सरकार बनाईहे।  

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: पाचन क्रिया होई दुरुस्त, करीं दूर इs तीन गो yoga

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]