[the_ad_group id="30365"]

पीएम मोदी आजु उज्बेकिस्तान खातिर होइहें रवाना, बिहान एससीओ शिखर सम्मेलन में लीहें हिस्सा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आजु साँझ उज्बेकिस्तान के एक दिनी यात्रा पर रवाना होइहें। शुक्रवार के ऊ समरकंद शहर में आयोजित शंघाई शिखर सम्मेलन (SCO Summit) में शिरकत करिहें।

विदेश सचिव विनय क्वात्रा बियफ़े के पीएम मोदी के उज्बेकिस्तान यात्रा के विवरण साझा कइलें। क्वात्रा कहलें कि पीएम मोदी उज्बेकिस्तान के राष्ट्रपति शवकत मिर्जियोयेव के नेवता पर जा रहल बानें।

ऊ समरकंद में एससीओ के प्रमुख लोग के 22 वीं शिखर बैठक में भाग लीहें। शुक्क के ऊ एके संबोधित करिहें। शिखर सम्मेलन में आमतौर पर दू सत्र होला। एगो सीमित सत्र बस एससीओ सदस्य राज्यन खातिर अउरी दुसरका विस्तारित सत्र पर्यवेक्षकन अउर विशेष आगंतुकन खातिर होई।

क्वात्रा कहलें कि हम उम्मीद करतनी कि एससीओ शिखर सम्मेलन में सामयिक, क्षेत्रीय अउर अंतर्राष्ट्रीय मुद्दा के अलावा एससीओ के सुधार अउर विस्तार, सुरक्षा के स्थिति, क्षेत्रीय सहयोग अउरी कनेक्टिविटी मजबूत करे अउर व्यापार के बढ़ावा देहले पs चर्चा होई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]