[the_ad_group id="30365"]

PM Modi: चउथा यूके यात्रा पs आज रवाना होइहे प्रधानमंत्री मोदी; किंग चार्ल्स आ पीएम स्टार्मर से करिहें मुलाकात

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सेंट्रल डेस्क। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी अपना चउथा ब्रिटेन यात्रा पs आज रवाना होइहें। एह दौरान बहुप्रतीक्षित मुक्त व्यापार समझौता (एफटीए) के अंतिम रूप दिहल गइला के संगही उ क्षेत्रीय आ वैश्विक महत्व के मुद्दन खालिस्तानी चरमपंथियन के मवजूदगी पs चरचा करिहें।

बिदेस सचिव विक्रम मिस्री प्रधानमंत्री मोदी के यात्रा के कार्यक्रम के बारे में जानकारी देले रहस। उ कहलें कि 23 से 24 जुलाई के ब्रिटेन के प्रधानमंत्री कीर स्टार्मर के संगे चरचा खातिर ब्रिटेन के आधिकारिक यात्रा पs जइहें। उ राजा चार्ल्स तृतीय से मुलाकात करिहें। भारत आ ब्रिटेन, दुनो के व्यापारिक नेता लोगन के संगे बातचीत के योजना बा। दुनो देस व्यापक रणनीतिक साझेदारी के प्रगति पs चरचा करी आ एमे व्यापार, अर्थव्यवस्था, तकनीक, अविष्कार, सुरक्षा, जलवायु परिवर्तन, स्वास्थ्य, शिक्षा आ लोगन के लोगन से संबंधन के बेहतर बनावे पs चरचा होई। पदभार ग्रहण कइला के बाद से ई प्रधानमंत्री के ब्रिटेन के चउथा यात्रा होई।

भारत आ ब्रिटेन के बीच मुक्त व्यापार समझौता पs हस्ताक्षर

24 जुलाई के भारत आ ब्रिटेन के बीच मुक्त व्यापार समझौता पs हस्ताक्षर होई। एह मवका पs प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के संगे केंद्रीय मंत्री पीयूष गोयल लंदन में रहिहें। व्यापार समझौता में श्रम-प्रधान उत्पाद जइसे चमड़ा, जूता आ कपड़न के निर्यात पs कर हटावे के प्रस्ताव बा, जबकि ब्रिटेन से व्हिस्की आ कारन के आयात सस्ता करे के प्रस्ताव हा, ताकि 2030 तक दुनो अर्थव्यवस्थन के बीच व्यापार दुगुना होके 120 बिलियन अमेरिकी डॉलर तक पहुंच सके।

ब्रिटेन भारत में छठा सबसे बड़ निवेशक

ब्रिटेन भारत में छठा सबसे बड़ निवेशक हs, जवना के कुल एफडीआई 36 अरब डॉलर बा। दिलचस्प बात ई बा कि भारत ब्रिटेन में एगो प्रमुख निवेशक हs, जवना के कुल एफडीआई लगभग 20 अरब डॉलर बा। मिस्री कहलें कि प्रधानमंत्री मोदी अपना ब्रिटिश समकक्ष के संगे भारत-ब्रिटिश द्विपक्षीय संबंधन के संपूर्ण पहलुअन पs व्यापक चरचा करिहें।  भगोड़ा अपराधियन के प्रत्यर्पण पs उ कहलें, हमनी के एक-दूसरा के संपर्क में बानी सs। तहव्वुर राणा जइसन आउर लोगन के प्रत्यर्पण कइसे हो सकत बा एकरो पs चरचा होई।

बीतल एक साल में ब्रिटेन के प्रधानमंत्री से दु बेर मिलले पीएम मोदी

गौर करे वाला बात बा कि प्रधानमंत्री मोदी पिछला एक साल में ब्रिटेन के प्रधानमंत्री कीर स्टार्मर से दु बेर मिल चुकल बाड़ें। उ नवंबर 2024 में ब्राजील में जी-20 शिखर सम्मेलन के दौरान आ फेर जून 2025 में जी-7 शिखर सम्मेलन के दौरान मिलल रहस। एह दौरान दुनो के बीच कइयन बेर टेलीफोन पs बातचीत भइल।

मालदीवो के यात्रा करिहें

ब्रिटेन के बाद पीएम मोदी मालदीव के आधिकारिक यात्रा पs जइहें, जवन 25-26 जुलाई, 2025 तक होई। प्रधानमंत्री मोदी मालदीव के राष्ट्रपति डॉ. मोहम्मद मोइजु के आमंत्रण पs मालदीव जा रहल बाड़ें। प्रधानमंत्री के ई मालदीव के तीसरका यात्रा होई। पीएम मोदी के ई मालदीव यात्रा, मालदीव में राष्ट्रपति मोइजु के सत्ता संभरला के बाद पहिला बेर कवनो बिदेसी राष्ट्राध्यक्ष के दौरा होई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]