[the_ad_group id="30365"]

हिंदी सिखा देनी?’ राज ठाकरे के डुबा-डुबाके मारे वाला बयान पs निशिकांत दुबे लेलें चुटकी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नई दिल्ली। महाराष्ट्र में भाषा के लेके राजनीति अपना चरम पऽ बा। एमएनएस चीफ राज ठाकरे आ बीजेपी सांसद निशिकांत दुबे के बीच वार-पलटवार के दौर जारी बा। बीजेपी सांसद के पटक-पटके मारब के जवाब में राज ठाकरे डुबो-डुबो के मारे के बात कहलें। एकरा पऽ निशिकांत दुबे राज ठाकरे के चुटकी लेत कहनलें कि हम हिंदी सिखा देनी?

कुछ दिन पहिले मराठी ना बोलला के लेके एगो दुकानदार के पिटाई कs दिहल गइल रहे। जवना पऽ निशिकांत दुबे कथित तौर पऽ कहके कि, “पटक-पटक के मारबऽ।” उनकर एह बयान पs बहुते विवाद हो गइल बा। गोड्डा से सांसद कहलें , “हिंदी भाषा बोले वाला लोगन के मुंबई में मारे वाला के अगर हिम्मत होखे तs महाराष्ट्र में उर्दू बोले वाला के मार के दिखावे, तमिल आ तेलगू बोले वालन के मार के दिखावे।” उ आगे कहलें , “अगर एतनही बड़हन बॉस हवे त आवे बिहार, उत्तर प्रदेश आ तमिलनाडु तोहके पटक-पटक के मारब।”

राज ठाकरे निशिकांत दुबे के देलें जवाब

ए पऽ राज ठाकरे एगो जनसभा के संबोधित करत दुबे के मुंबई आवे के चुनौती देलें आ कहलें, “एगो बीजेपी सांसद कहलें कि मराठी लोग के हम इहां पs पटक पटक के मारेब… रउआ मुंबई आईं। मुंबई के समुंदर में डूबो-डुबो के मारबऽ।” हालांकि जब राज ठाकरे ई बयान देत बाड़ें तs उ हिंदी में बात करत बाड़ें। उनका एही बयान पऽ निशिकांत दुबे पलटवार करत कहलें कि ‘हम राज ठाकरे के हिंदी सिखा देहनी?’

आपके नीचे थप्पड़ पड़ी

राज ठाकरे मुंबई के मीरा-भयंदर में एगो रैली के संबोधित करत कहलें, “अब जदि रउआ मराठी ना समझ सकेनी, भलही उ रउआ कान में सीधा बोल जाई, तऽ राउर नीचे एगो थप्पड़ पड़ी। लोग बिना कवनो कारण के हंगामा करत बा।” इ बात उ ओह समय कहलें, जब कुछ दिन पहिले उनका पार्टी के कार्यकर्ता मराठी ना बोलला पऽ एगो दुकान मालिक के संगे मारपीट कइले रहे।

Read Also : Indian Railway News: गोरखपुर से दिल्ली-बिहार खातिर Amrit Bharat, जानीं किराया आ खास सुविधा

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]