[the_ad_group id="30365"]

दिवाली से पहिले किसानन के मिलल बड़ खुशखबरी, पीएम मोदी ट्रांसफर कइलें 2000 रुपया

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आजु देश के 11 करोड़ से ज्यादा किसानन के पीएम किसान सम्मान निधि योजना के तहत 2000 रुपया के किस्त मिल गइल बा। पीएम मोदी आजु एगो कार्यक्रम के दौरान ई किस्त जारी कs देहलें बानें।

त्योहारी सीजन के बीच देश के 11 करोड़ से ज्यादा किसानन के दिवाली के बड़ तोहफा मिलल बा। देश के करोड़न छोट अउर मझौले किसानन के दिवाली से पहिले 2000 रुपया के किस्त मिल गइल बा। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी देश के करोड़न किसानन के पीएम किसान सम्मान निधि के 12वीं किस्त जारी कs दिहले बानें। एह किस्त के तहत पीएम मोदी के एगो रिमोट के बटन दबवते किसानन के खाता में 2000 रुपए ट्रांसफर कर दिहले बानें।

देश के करोड़न किसानन के दिवाली के गिफ्ट मिल गइल बा अउर के खाता में 2000 रुपया के किस्त ट्रांसफर कs दीहल गइल। बता देईं कि प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी दिल्ली के पूसा स्थित भारतीय कृषि अनुसंधान संस्थान में एगो कार्यक्रम के दौरान पीएम किसान सम्मान निधि योजना के 12वीं किस्त जारी कइलें।

13000 किसानन के कइलें संबोधित

बता देईं कि प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी एह कार्यक्रम के दौरान 13000 किसानन के संबोधित कइलें। बिल वापसी के बाद प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी पहिला बेर एतना बड़ संख्या में किसानन से संवाद कइलें। आजु पीएम किसान सम्मान निधि के 12वीं किस्त जारी हो गइल बा अब ले सरकार एह स्कीम के जरिए 25 लाख करोड़ रुपया डायरेक्ट बेनेफिट ट्रांसफर कs चुकल बा।

रिमोट दबवते ट्रांसफर भइल पइसा

बता देईं कि रिमोट दबवते किसानन के खाता में ऑनलाइन रकम ट्रांसफर कs देहलें। हालांकि, एह बेर अयोग्य करार देहल गइल किसानन के 12वीं किस्त के फायदा नाइ मिलल बा। बता देईं कि खाली उत्तर प्रदेश से ही 21 लाख लाभार्थी किसानन के अयोग्य घोषित कइल गइल बा, एहलिए उनके खाता में 12वीं किस्त नाइ डारल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]