Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

पश्चिम बंगाल के शांतिनिकेतन सोनाझूड़ी हाट में लागल पहिला मूविंग टॉयलेट, 22 लाख खर्च क के बस में कइल गइल असेंबल

पश्चिम बंगाल के बीरभूम के पर्यटक स्थलन में एगो शांतिनिकेतन के सोनाझूड़ी के खोवाई हाट बाजार। ग्रामीणन खातिर महत्वपूर्ण साप्ताहिक बाजार बा। बीरभूम जिला प्रशासन आ बीरभूम जिला परिषद इहां मोबाइल शौचालय समेत कइयन सुविधा शुरू कइल गइल बा। एह शौचालय के  22 लाख के लागत से एगो पुरान बस से बनावल गइल बा। 

945

West Bengal News: पश्चिम बंगाल के बीरभूम के पर्यटक स्थलन में से एगो ह शांतिनिकेतन के सोनाझूड़ी के खोवाई हाट बाजार। सोनाझूड़ी में लागे वाला ई बाजार गाछ-बिरिछ से घिरल आ खुला आसमान में लगला के बादो इहां के ग्रामीणन खातिर महत्वपूर्ण साप्ताहिक बाजार ह। बाजार में बाउल लोक गीत के आनंद लिहल जा सकत बा। इहां देश के भीतरे ना, बलुक देश के बाहरो के लोग आवेला बाकिर सोनाझूड़ी के खोवाई हाट बाजार में सबसे बड़ समस्या शौचालय के रहे। बीरभूम जिला प्रशासन आ बीरभूम जिला परिषद अबकी बेर ओह समस्या के दूर क दिहल गइल बा। इहां मोबाइल शौचालय समेत कइयन गो सुविधा शुरू कइल गइल बा।

22 लाख के लागत से बस के टॉयलेट में बदलल गइल

बतातवत चलीं कि एह शौचालय के 22 लाख के लागत से एगो पुरान बस से बनावल गइल बा। एह टॉयलेट के इलू नाम के कंपनी लेटेस्ट टेक्नोलॉजी के  इस्तेमाल क के बनावल गइल बा। एह संस्था के सह-संस्थापक दीपेंदु रॉय कहले -एह शौचालय में आयनिक नियंत्रण सेंसर लगावल गइल बा। जवना के पहिला बेर पूर्वी भारत में इस्तेमाल हो रहल बा। पश्चिम बंगाल में ई पहिला मोबाइल टॉयलेट बा, जवन सब अत्याधुनिक सुविधन से युक्त बा। एह मोबाइल टॉयलेट में सेंसर आ  इंटरनेट के उपयोग क के शौचालयन के अत्याधुनिक बनावल गइल बा। एह शौचालय में केतना पानी बा भा केतना लोग एकर इस्तेमाल कर रहल बा, ई दुनिया में कहियो से पता लगावल जा सकत बा।

मोबाइल टॉयलेट में महिला लोगन खातिर तीन शौचालय

बीरभूम के जिलाधिकारी (डीएम) बिधान राय बतवले कि एह मोबाइल टॉयलेट में महिला लोगन खातिर तीन शौचालय तइयार कइल गइल बा। एकरा अलावे वॉशरूम आ चेंजिंग रूमो बनावल गइल बा। लईकन के संगे आवे आला पर्यटकन खातिर एगो फीडिंग कॉर्नर दिहल गइल बा। एकरा अलावे पीछे के ओर थर्ड जेंडर आ विशेष रूप से विकलांग आ पुरुष उपयोग दुनो खातिर शौचालय बनावल गइल बा। एकरा अलावे इहां पर्यटकन खातिर फूड कॉर्नरो बा। ई कोसिस सबसे पहिले पश्चिम बंगाल में बीरभूम के सोनाझुडी के खोवाई हाट बाजार में लगावल गइल बा।

देवे के होई सामान्य शुल्क

एह शौचालय के मुफ्त में उपयोग नइखे कइल जा सकत। यूजर्स के एकर इस्तेमाल करे खातिर न्यूनतम लागत वहन करे के होई। एह मोबाइल टॉयलेट के अइला से इहां के पयर्टकन में खुशी देखल जा रहल बा। कोलकाता से पहुंचल पर्यटक अभिजीत बनर्जी बतवले कि ऊ करीब बीस बरिसन से इहां एह हाट बाजार में आ रहल बाड़े बाकिर इहां शौचालय के सबसे बड़ समस्या रहे। विशेष क के महिला पर्यटकन के सबसे ज्यादा दिक्कत होत रहे। बाकिर एह मोबाइल टॉयलेट के होखला से लोगन में बहुते खुशी बा।

साभार: प्रभात खबर

356700cookie-checkपश्चिम बंगाल के शांतिनिकेतन सोनाझूड़ी हाट में लागल पहिला मूविंग टॉयलेट, 22 लाख खर्च क के बस में कइल गइल असेंबल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.