असम के PM मोदी देलें 14300 करोड़ के सौगात, AIIMS-गुवाहाटी के कइलें उद्घाटन

Share

प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी असम के वसंत उत्सव ‘रोंगाली बिहू’ के पहिला दिने सुक के, एक दिवसीय यात्रा पs गुवाहाटी पहुंचलें। गुवाहाटी एयरपोर्ट पs राज्यपाल गुलाब चंद कटारिया आ मुख्यमंत्री हिमंत बिस्वा सरमा प्रधानमंत्री मोदी के अगवानी कइलें।

इहों पढ़ी- Corona Alert: देस में कोरोना के रोजाना ममिलन के आंकड़ा 11 हजार के पार; सक्रिय मरीज 49 हजार से जादा 

ऊ इहां 14,300 करोड़ रुपिया के लगात के अलग-अलग विकास परियोजनन के उद्घाटन आ शिलान्यास कइलें। प्रधानमंत्री 1120 करोड़ रुपिया के लागत से तइयार गुवाहाटी एम्स के लोकार्पण कइलें, जवना के आधारशिला ऊ मई 2017 में रखले रहस। एकरा अलावे ऊ 500 बेड वाला 3 मेडिकल कॉलेजन नलबाड़ी मेडिकल कॉलेज, नागांव मेडिकल कॉलेज आ कोकराझार मेडिकल कॉलेज के असम के जनता के समर्पित कइलें।

आउर पढ़ी: चिलचिलाती गरमी खातिर रहीं तइयार: बंगाल-बिहार समेत एह राज्यन में लू के अलर्ट; मौसम विभाग जारी के चेतावनी

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-