[the_ad_group id="30365"]

Corona Alert: देस में कोरोना के रोजाना ममिलन के आंकड़ा 11 हजार के पार; सक्रिय मरीज 49 हजार से जादा 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

देस में कोरोना के ममिला लगातार बढ़त जा रहल बा। बीतल 24 घंटन में कोरोना संक्रमण के 11 हजार से जादा नया ममिला सामने आइल बा। एही के संगे अइसन कोरोना संक्रमित जेकर इलाज चल रहल बा, ओकर आंकड़ा 49 हजार के पार पहुंच गइल बा। स्वास्थ्य मंत्रालय के ओर से जारी कइल गइल आंकड़न के मोताबिक, भारत में पिछला 24 घंटन में कोरोना के 11,109 नया ममिला सामने आइल बा। देस में फिलहाल सक्रिय ममिला 49,622 बा।

एकरा पहिले बीतल दिन भारत में कोरोना के 10 हजार 158 नया केस मिलल बा। एही के संगे देस में सक्रिय मरीजन के संख्या बढ़के 44 हजार 998 हो गइल बा। केंद्रीय स्वास्थ्य मंत्रालय बियफे के सबेरे ई आंकड़ा जारी कइले रहे। एकरा मोताबिक, भारत में कोरोना संक्रमण के दैनिक दर 4.42 फीसदी आ साप्ताहिक दर 4.02 प्रतिशत रहे। देश में फिलहाल एक्टिव केसन के संख्या कुल ममिलन के 0.10 प्रतिशत रहे। मरीजन के ठीक होखला के दर 98.71 प्रतिशत रहे।

सात दिन के अंदर 42 हजार से जादे मरीज बढ़ले

केंद्रीय स्वास्थ्य मंत्रालय के आंकड़न के मोताबिक, पिछला सात दिन के अंदर देस में 42 हजार से जादे लोग संक्रमित पावल गइल बा। एह बीच 97 लोगन के संक्रमण के चलते मौत भइल बा। ओहिजा, जब इंडियन काउंसिल ऑफ मेडिकल रिसर्च (ICMR) के रीजनल मेडिकल रिसर्च सेंटर, गोरखपुर के निदेशक डॉ. रजनीकांत से कोरोना के चउथा लहर के लेके सवाल कइल गइल रहे तs ऊ कहलें, ‘अभी चउथा लहर के कवनो आहट नइखे। देस में ज्यादातर लोगन के कोरोना के वैक्सीन लग चुकल बा। एहिसे डेररला के ना बलुक बचाव के जरूरत बा। प्रिवेंशन खातिर कोविड प्रोटोकॉल के पालन करे के चाहीं।’

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]