[the_ad_group id="30365"]

केजरीवाल के CBI के नोटिस: शराब नीति केस में 16 अप्रिल के पूछताछ खातिर बोलवलें; AAP बोलल- CM के जेल में डलला के साजिश

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल के शराब नीति केस में CBI पूछताछ खातिर नोटिस जारी कइले बिया। एजेंसी उनका के 16 अप्रिल के सबेरे 11 बजे CBI दफ्तर बोलवले बिया। मीडिया रिपोर्ट्स में आम आदमी पार्टी से जुड़ल सूत्रन के हवाले से ई दावा कइल जा रहल बा।

नोटिस मिलला के बाद आम आदमी पार्टी के सांसद संजय सिंह प्रेस कॉन्फ्रेंस कइलें। ऊ कहलें- केंद्र सरकार अरविंद केजरीवाल के जेल में डाले के साजिश कs रहल बिया, बाकिर हमनी के डरे वाला नइखी सs। केजरीवाल 13 दिन अनशन रखके भ्रष्टाचार के खिलाफ लड़ाई लड़ले रहस। प्रधानमंत्री जी, रउआ अपना दोस्त के संगे मिलके लाखन करोड़ रुपिया के जवन घोटाला कइले बानी ऊ देस के बतावल जरूरी बा।

अरविंद केजरीवाल के दिल्ली विधानसभा में बयान के बाद नोटिस देके उनका के धमकावे के कोसिस कइल गइल बा। एकरा से केजरीवाल भा उनकर एको नेता ना झुके वाला बा लो ना डेराये वाला बा लो।

बता दीं कि दिल्ली के पूर्व डिप्टी सीएम मनीष सिसोदिया एही ममिला में ED के हिरासत में बा। उनका के 26 फरवरी के सीबीआई 8 घंटा के पूछताछ के बाद गिरफ्तार कइलें रहे। 7 दिन के सीबीआई रिमांड के बाद कोर्ट 6 मार्च के सिसोदिया के 20 मार्च (14 दिन) के न्यायिक हिरासत में तिहाड़ जेल भेजले रहे।

इहां ED दिल्ली के पूर्व डिप्टी सीएम से शराब नीति केस से जुड़ल मनी लॉन्ड्रिंग केस में पूछताछ कइले रहे, जेले से एजेंसी सिसोदिया के गिरफ्तार कs लेले रहे। फिलहाल मनीष सिसोदिया ED के कस्टडी में बाड़े। पिछला सुनवाई में कोर्ट सिसोदिया के कस्टडी 17 अप्रिल तक बढ़ा देले रहे। सिसोदिया के जमानत पs कोर्ट 18 अप्रिल के सुनवाई करी।

रिपोर्ट्स के मोताबिक ED के टीम एह ममिला में गिरफ्तार दु गो आउर आरोपियन के संगे तिहाड़ पहुंचल रहे। ED बतवले रहस कि नया शराब नीति बनावे में साउथ दिल्ली के बेयपारियन से 100 करोड़ के रिश्वत लिहल गइल रहे। एह ममिला में ED 6 मार्च के हैदराबाद के बिजनेसमैन अरुण रामचंद्र पिल्लई आ अमनदीप ढल के गिरफ्तार कइले रहे।

एह ममिला में तेलंगाना के CM के. चंद्रशेखर राव (KCR) के बेटी के. कविता के नामो आइल रहे। एजेंसी एह केस में कविता से पूछताछ कs चुकल बिया।

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]