[the_ad_group id="30365"]

पीएम मोदी देहलें विशाखापट्टनम के 10,500 करोड़ के परियोजना के सौगात, कहनें: विकास के ई यात्रा बहुआयामी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी शनिचर के आंध्र प्रदेश में मौजूद रहनें। ऊ विशाखापत्तनम में 10 हजार 500 करोड़ रुपया से अधिक के परियोजना के आधारशिला रखलें। एह दौरान केंद्रीय मंत्री अश्विनी वैष्णव अउर सीएम वाईएस जगन मोहन रेड्डी भी मौजूद रहनें।

एह दौरान जनता के संबोधित करत प्रधानमंत्री मोदी कहनें, आजादी के अमृत काल में देश विकसित भारत के लक्ष्य के ले के विकास के रास्ता पर तेजी से आगे बढ़ रहल बा। विकास के ई यात्रा बहुआयामी बा। एहमें सामान्य मानवी के जीवन से जुड़ल जरूरत के चिंता शामिल बा अउर सबसे बेहतर आधुनिक आधारभूत संरचना के निर्माण भी शामिल ह।

प्रधानमंत्री कहनें, आपूर्ति श्रृंखला तार्किक अउर मल्टीमॉडल कनेक्टिविटी पर निर्भर करsला। एहलिए हमनीं के आधारभूत संरचना के विकास के ले के नयका दृष्टिकोण अपनवनीं जा। हमनीं के विकास के एकीकृत दृश्य के महत्व दिहलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]