Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Bihar: बिहार के गांवन के चकाचक बनावे खातिर केंद्र आ राज्य खोललस खजाना, जारी कइल गइल एतना करोड़ रुपिया 

केंद्र सरकार द्वारा राशि जारी कइल गइला के बाद नीतीश सरकार राज्य वित्त आयोग से पंचायती राज संस्थन के 3860 करोड़ हस्तांरित कइल। एह राशि से ग्राम पंचायत, पंचायत समिति आ जिला परिषदन में विकास काम करावल जाई।

436

Bihar News: बिहार के सब गांव अब मूलभूत आ आधुनिक सुविधन से लैस हो जइहें स। दरअसल, केंद्र आ राज्य दुनो 15वां वित्त आयोग के अनुशंसा प बिहार के पंचायती संस्थानन खातिर 3842 करोड़ रुपिया जारी कइले बा। केंद्र सरकार द्वारा बिहार के गांवन के विकास खातिर खजाना खोलला के बाद राज्य वित्त आयोग से पंचायती राज्य संस्थन के 3860 करोड़ के राशि मिलल बा। कुल मिलाके पंचायत के विकास खातिर कुल 7702 करोड़ रुपिया जारी कइल गइल बा।

15वां वित्त आयोग के अनुशंसा प बिहार के पंचायती राज संस्था के केंद्र जवन 3842 करोड़ जारी कइलस। ओमे बिहार के 8058 ग्राम पंचायतन खातिर 2689 करोड़ रुपिया बा। 533 पंचायत समितियन खातिर 576 करोड़ के राशि बा। जबकि 38 जिला परिषदन के 576 करोड़ रुपिया ट्रांसफर कइल गइल बा।

गांवन के विकास कामन में कइल जाई इस्तेमाल

केंद्र सरकार से मिली इस राशि का इस्तेमाल बिहार के गांवों के विकास कार्यों में किया जाएगा. पंचायती राज विभाग के मुताबिक गावों में हर घर तक पक्की गली और नाली और छूटे हुए इलाके में सड़क और नाले का निर्माण कराया जाएगा. इसके अलावे जहां भी नल जल योजना के तहत पानी नहीं पहुंच सका है. वहां जलापूर्ति की व्यवस्था सुनिश्चित कराई जाएगी. इसके अलावे गांव के प्रमुख चौक-चौराहों पर स्ट्रीट लाइट, शौचालय का निर्माण, गांव के सार्वजनिक कुओं का जीर्णोद्धार कराया जाएगा.

नीतशो सरकार खोललस खजाना

केंद्र सरकार के द्वारा राशि जारी कइल गइला के बाद नीतीश सरकार ने राज्य वित्त आयोग से पंचायती राज संस्थानन के 3860 करोड़ हस्तांरित कइलस। एह राशि से ग्राम पंचायत, पंचायत समितियन आ जिला परिषदन में विकास के काम करावल जाई। जवना के तहत गांवन में सड़क-निर्माण, हर घर नल जल योजना, जवना पंचायतन में पंचायत भवन नइखे उहां पंचायत सरकार भवन आदि बनावल जाई।

376830cookie-checkBihar: बिहार के गांवन के चकाचक बनावे खातिर केंद्र आ राज्य खोललस खजाना, जारी कइल गइल एतना करोड़ रुपिया 

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.