[the_ad_group id="30365"]

पीएम मोदी आजु 3 गो वंदे भारत ट्रेन के देखइहें हरिहर झंडा, जानी पुरा डिटेल

पीएम मोदी देखइहें 3 गो वंदे भारत ट्रेन के हरिहर झंडा: फोटो
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आजु वंदे भारत के तीन गो नया ट्रेनन के झंडा देखावे के काम करीहें. पीएम मोदी उत्तर प्रदेश, तमिलनाडु अवुरी कर्नाटक में रेल संपर्क बढ़ावे खातीर वंदे भारत एक्सप्रेस ट्रेन शुरू करीहे। ई तीनों ट्रेन एह घरी चलत 100 से अधिका वंदे भारत एक्सप्रेस ट्रेनन के नेटवर्क में शामिल होखीहें सँ जवन 280 से अधिका जिला के जोड़त बाड़ी सँ.

इ तीन गो वंदे भारत ट्रेन हs

प्रधानमंत्री मोदी वीडियो कांफ्रेंसिंग के माध्यम से तीन वंदे भारत एक्सप्रेस ट्रेन के झंडा देखइहें। एहमें से एगो वंदे भारत ट्रेन चेन्नई सेंट्रल से नागरकोइल, दुसरका मदुरै से बेंगलुरु कैंट आ तिसरका मेरठ सिटी-लखनऊ से जाई.

चेन्नई सेंट्रल से नागरकोइल वंदे भारत ट्रेन

20627 नंबर के ट्रेन चेन्नई एग्मोर से सबेरे 5 बजे रवाना होई। ओही दिन दुपहरिया डेढ़ बजे नागरकोइल चहुँप जाई. रास्ता में तांबरम, विल्लुपुरम, तिरुचिरापल्ली, डिंडुगल, मदुरै, कोविलपट्टी अवुरी तिरुनेवेली स्टेशन पs रुकी। 20628 नंबर के ट्रेन नागरकोइल जंक्शन से दुपहरिया 2.20 बजे निकली आ रात 11 बजे चेन्नई एग्मोर चहुँप जाई.

मदुरै से बेंगलुरु कैंटोनमेंट वंदे भारत ट्रेन

मदुरै से बेंगलुरु छावनी के बीच चले वाली वंदे भारत ट्रेन मंगल के छोड़ के सप्ताह में 6 दिन चली। मदुरै से सबेरे 5.15 बजे ट्रेन नंबर 20671 रवाना होके दुपहरिया एक बजे बेंगलुरु छावनी पहुंची। बेंगलुरु छावनी से दुपहरिया डेढ़ बजे निकली आ रात नौ बजे मदुरै चहुँप जाई. रास्ता में ई डिंडुगल, तिरुचिरापल्ली, करूर, नमक्कल, सलेम आ कृष्णराजपुरम स्टेशन पs रुकी.

मेरठ सिटी-लखनऊ वंदे भारत ट्रेन

मेरठ सिटी-लखनऊ वंदे भारत ट्रेन अतवार के दिने लखनऊ से आ सोमार के दिने मेरठ से आपन नियमित सेवा शुरू कs दी. मंगल के छोड़ के हफ्ता में छह दिन चली. एह वंदे भारत ट्रेन से दिगंबर जैन मंदिर, मनसा देवी मंदिर, सूरजकुंड मंदिर आ औघड़नाथ मंदिर जइसन तीर्थ स्थलन के तेजी से यात्रा करा के एह क्षेत्र में धार्मिक पर्यटन के बढ़ावा मिले के उमेद बा. मेरठ सिटी से ट्रेन 22490 सबेरे 6:35 बजे निकली आ दुपहरिया 1:45 बजे चारबाग रेलवे स्टेशन, लखनऊ पहुंची। इs ट्रेन मुरादाबाद अवुरी बरेली में रुकी। वापसी में (ट्रेन नंबर 22489) इ ट्रेन चारबाग रेलवे स्टेशन से दुपहरिया 2:45 बजे निकल के रात 10:00 बजे मेरठ सिटी पहुंची।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]