देश के मिली 3 गो नया वंदे भारत ट्रेन, शनिचर के करीहें उद्घाटन पीएम मोदी

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 30, 2024

  देश के तीन नया वंदे भारत ट्रेन मिले जा रहल बा। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी 31 अगस्त शनिचर के दिने वीडियो कॉन्फ्रेंसिंग के माध्यम से तीन गो नया वंदे भारत एक्सप्रेस ट्रेनन के उद्घाटन करीहें.

Share

 

देश के तीन नया वंदे भारत ट्रेन मिले जा रहल बा। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी 31 अगस्त शनिचर के दिने वीडियो कॉन्फ्रेंसिंग के माध्यम से तीन गो नया वंदे भारत एक्सप्रेस ट्रेनन के उद्घाटन करीहें. वंदे भारत के ई तीन गो नया ट्रेन चेन्नई से नागरकोइल, मदुरै से बेंगलुरु आ मेरठ से लखनऊ के बीच चली. वंदे भारत के शुरुआत पहिला बेर 15 फरवरी 2019 के “मेक इन इंडिया” पहल के तहत भईल रहे। फिलहाल 100 से अधिका वंदे भारत ट्रेन चल रहल बाड़ी सs जवन 280 से अधिका जिला के जोड़त बाड़ी सs।

2 सितंबर से नियमित सेवा

वंदे भारत ट्रेन के उद्घाटन खातिर औपचारिक समारोह के आयोजन रेलवे डिविजन में डॉ एमजीआर चेन्नई सेंट्रल रेलवे स्टेशन आ मदुरै जंक्शन पs कइल जाई. उद्घाटन के बाद 2 सितंबर से दुनो नयकी ट्रेन के नियमित सेवा शुरू हो जाई। नागरकोइल ट्रेन के डॉ एमजीआर चेन्नई सेंट्रल स्टेशन से उद्घाटन के दिन ही हरियर झंडा दिखावल जाई, बाकिर नियमित सेवा चेन्नई एग्मोर से होई। ई ट्रेन बुध के छोड़ के सगरी दिन चली. एग्मोर-नागरकोइल-चेन्नई एग्मोर ट्रेन (20627/20628) में 16 गो कोच होई। एकरा संगे लखनऊ से मेरठ जाए वाली वंदे भारत एक्सप्रेस रोज चलत रही। एह ट्रेन के टाइमटेबल आ शेड्यूल अबहीं ले जारी नइखे भइल. एह ट्रेन में चेयर कार के किराया करीब 1500 रुपिया होखे के उम्मेद बा।

चेन्नई-नागरकोइल वंदे भारत मार्ग

20627 नंबर के ट्रेन चेन्नई एग्मोर से सबेरे 5 बजे रवाना होई। ओही दिन दुपहरिया डेढ़ बजे नागरकोइल चहुँप जाई. रास्ता में तांबरम, विल्लुपुरम, तिरुचिरापल्ली, डिंडुगल, मदुरै, कोविलपट्टी अवुरी तिरुनेवेली स्टेशन पs रुकी। 20628 नंबर के ट्रेन नागरकोइल जंक्शन से दुपहरिया 2.20 बजे निकली आ रात 11 बजे चेन्नई एग्मोर चहुँप जाई.

मदुरै-बेंगलुरु वंदे भारत मार्ग

मदुरै से बेंगलुरु छावनी के बीच चले वाली वंदे भारत ट्रेन मंगल के छोड़ के सप्ताह में 6 दिन चली। मदुरै से सबेरे 5.15 बजे ट्रेन नंबर 20671 रवाना होके दुपहरिया एक बजे बेंगलुरु छावनी पहुंची। बेंगलुरु छावनी से दुपहरिया डेढ़ बजे निकली आ रात नौ बजे मदुरै चहुँप जाई. रास्ता में ई डिंडुगल, तिरुचिरापल्ली, करूर, नमक्कल, सलेम आ कृष्णराजपुरम स्टेशन पs रुकी.

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.