[the_ad_group id="30365"]

पीएम मोदी 3 युद्धपोत राष्ट्र के समर्पित कइले, कहले- भारत के सुरक्षा के मिली नया ताकत

पीएम मोदी
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पीएम मोदी मुंबई के नेवी डॉकयार्ड में नौसेना के 3 गो प्रमुख युद्धपोत आईएनएस सूरत, आईएनएस नीलगिरी अवुरी आईएनएस वाघशीर के राष्ट्र के समर्पित कईले। एह मौका पs पीएम कहले कि नयका युद्धपोत से राष्ट्र के सुरक्षा मजबूत होई।  आज भारत नौसेना के मजबूत करे के दिशा में एगो बड़ कदम उठा रहल बा। हमनी के नौसेना सैकड़न लोग के जान बचा लेले बिया। 

पीएम कहले कि तीनों सेवा में आत्मनिर्भरता के मंत्र अपनावल गईल बा।  भारत विस्तारवाद ना, विकास के भावना से आगे बढ़ेला। संगही उs कहले कि आज भारत के पूरा दुनिया में अवुरी खास तौर पs ग्लोबल साउथ में एगो भरोसेमंद अवुरी जिम्मेदार साझेदार के रूप में मान्यता दिहल जाता।

मेड इन इंडिया हs युद्धपोत

पीएम कहले कि भारत पs दुनिया के भरोसा बढ़ता।  हमनी के पूरा दुनिया के परिवार मानत बानी जा। पीएम कहले कि इs गर्व के बात बा कि तीनों फ्रंटलाइन नौसेना के जवान मेड इन इंडिया बाड़े।  आज के भारत दुनिया के एगो प्रमुख समुद्री शक्ति के रूप में उभर रहल बा।

पीएम के पूरा स्पीच इहां सुनीं

पीएम कहले कि भारत के समुद्री धरोहर, नौसेना के गौरवशाली इतिहास अवुरी आत्मनिर्भर भारत अभियान खातीर आज एगो बड़ दिन बा। छत्रपति शिवाजी महाराज के पवित्र धरती पs हमनी के 21वीं सदी के नौसेना के मजबूत करे के दिशा में बहुत बड़ कदम उठावत बानी जा। ई पहिला बेर बा जब कवनो विध्वंसक जहाज, फ्रीगेट आ पनडुब्बी, तीनों मिलजुल के काम कs रहल बा.

पीएम छत्रपति शिवाजी महाराज के भी जिक्र करत कहले कि उs नौसेना के नाया ताकत अवुरी दृष्टि देले बाड़े। उल्लेखनीय बा कि एह बेड़ा में तीन गो बड़हन नौसैनिक लड़ाकू जहाजन के शामिल कइल भारत के रक्षा क्षेत्र में एगो बड़हन योगदान बा जवन भारत के रक्षा निर्माण आ समुद्री सुरक्षा में वैश्विक अग्रणी बने के राह पs ले जाई.

इहो पढ़ीं : कांग्रेस पार्टी के नया पता 9-A कोटला रोड… सोनिया गांधी कइली ‘इंदिरा भवन’ के उद्घाटन

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]