[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News: स्वतंत्रता दिवस के दिन सुहाना रही मौसम, छाइल रही,बादल होई बरखा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर समेत आसपास के जिलन में एह दिनन मानसून सक्रिय बा। बादल छाइल रहला के संगही बरखा के क्रम जारी बा। मंगर के बादल छाइल रहला के बादो बरखा ना भइल। मौसम विभाग स्वतंत्रता दिवस के दिन बियफे के मौसम सुहाना रहे के अनुमान जतवले बा। सक्रिय चक्रवाती परिसंचरण के असर 17 अगस्त तक बनल रही। जवना के चलते बादल छाइल रहला के संगही बरखा होत रही।

मानसून टर्फ अब उत्तर-पश्चिम मध्य प्रदेश के ऊपर बनल चक्रवाती परिसंचरण से उत्तर प्रदेश, बिहार आ उप हिमालयी पश्चिम बंगाल होत उत्तर-पूर्व बंगाल के खाड़ी तक जा रहल बा। मौसम विभाग के मोताबिक एकरा चलते 17 अगस्त तक बादल छाइल रहला के संगही हल्का से मध्यम स्तर के बरखा होत रही।

बुध आ बियफे के स्वतंत्रता दिवस के दिन बादल छाइल रहला के संगही बरखा के अनुमान जतावल गइल बा, जवना से मौसम सुहाना रही। ओइसे मंगर के मानसून के सक्रियता बनल रहल। पूरा दिन बादल छाइल रहल, बाकिर बरखा ना होखला से लोगन में निराशा रहल। बादल छाइल रहला से दिन में अधिकतम तापमान 32.9, ओहिजा न्यूनतम तापमान 26.4 डिग्री सेल्सियस दर्ज कइल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]