[the_ad_group id="30365"]

अगस्त के महीना में दोस्तन के संगे घूमे के बा प्लान त एह जगहन के करीं एक्सप्लोर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

मानसून के मौसम में छुट्टी मनावे के आपन मजा होला। जुलाई के बाद अगस्त महीना में बहुत कम बरखा होला आ एह महीना में भारत के कई गो छुट्टी मनावे वाला जगहन के सुंदरता बढ़ जाला।अगर रउवा भी अगस्त महीना में कहीं घूमे के योजना बनावत बानी परिवार भा दोस्तन के साथे उमस भरल गर्मी से राहत पावे खातिर त इहाँ हम रउवा के कुछ अइसने जगह बतावे जा रहल बानी जहाँ घूमला के बाद रउवा ओहिजा के खूबसूरत नजारा में कहीं भटक जाईब।

अगस्त में घूमे खातिर कवन जगह सबसे बढ़िया बा? (Which is the best place to visit in August)

लोनावला

लोनावला अगस्त महीना में घूमे खातिर सबसे बढ़िया बा। मुंबई के नजदीक स्थित लोनावला भी सेलेब्स के छुट्टी के पसंदीदा जगह ह। पुणे से लोनावला पहुंचे में लगभग 2 घंटा लागेला। अगस्त के महीना में लोनावला में पहाड़ के साथे-साथे कई गो बरसाती झरना भी देखे के मिली।

जयपुर

जयपुर घूमे खातिर अगस्त महीना बढ़िया होला, काहे कि एह घरी गर्मी कम होला। अगर रउरा ऐतिहासिक धरोहर देखल पसंद बा आ ओकरा बारे में जानत बानी त छुट्टी में जयपुर जाए के योजना बनावे के चाहीं। जयपुर में आमेर किला, हवा महल आ जलमहल जइसन कई गो स्थल आ स्थानीय बाजार बा।

मुन्नार

अगर रउरा दक्षिण के यात्रा के योजना बा त अगस्त महीना में केरल राज्य के मुन्नार जा सकेनी। इहाँ के हरियाली आ मौसम रउरा के मोहित करी। बरसात के मौसम में मुन्नार के सुंदरता बढ़ेला, विदेश से भी पर्यटक इहाँ के चाय के बगीचा देखे आवेले। मुन्नार से कुछ दूरी पs स्थित एराविकुलम नेशनल पार्क काफी बढ़िया बा। इहाँ जानवरन के साथे-साथे कई गो दुर्लभ प्रजाति के पेड़-पौधा पावल जाला।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]