[the_ad_group id="30365"]

Lucknow News : एनआरएचएम घोटाला में बाबू सिंह कुशवाहा के खिलाफ ईडी जारी भइल गैर जमानत वारंट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पूर्व बसपा सरकार में राष्ट्रीय ग्रामीण स्वास्थ्य मिशन में भईल अरबों रुपया के घोटाला के मामला में प्रवर्तन निदेशालय तत्कालीन स्वास्थ्य मंत्री बाबू सिंह कुशवाहा के खिलाफ अदालत से गैर जमानत वारंट जारी कईले बिया। ईडी कुछ महीना पहिले दू गो अलग-अलग मामला में बाबू सिंह के खिलाफ आरोप पत्र भी दर्ज करवले रहे। सूत्र के मुताबिक आरोप पत्र दाखिल भईला के बाद से बाबू सिंह कुशवाहा हाजिर ना रहले, जवना के चलते उनुका खिलाफ वारंट जारी हो गईल बा।

बता दीं कि बाबू सिंह कुशवाहा आ तत्कालीन प्रधान सचिव स्वास्थ्य प्रदीप शुक्ला पs एनआरएचएम घोटाला से जुड़ल कई गो मामिला में सीबीआई के ओर से आरोप लगावल गइल रहे। उनुका खिलाफ दर्ज आरोप पत्र के आधार पs ईडी मनी लांड्रिंग के मामला दर्ज क के भी जांच शुरू क देलस।

ईडी अब ले बाबू सिंह कुशवाहा के लगभग 200 करोड़ रुपिया के चल-अचल संपत्ति संलग्न कईले बिया। एकरा संगे आयकर विभाग भी हाल ही में लखनऊ में स्थित बाबू सिंह के बंथरा के 35 करोड़ रुपया के बेनामी संपत्ति जब्त क लेले बा। दूसर ओर ईडी पछिला चार महीना में 15 लोग के खिलाफ अलग-अलग मामला में गैर जमानत वारंट जारी कईले बिया। इ सब ईडी केस में कोर्ट के सोझा पेश नईखन होखत।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]