[the_ad_group id="30365"]

PK इफेक्ट : UP में कांग्रेस के नया रणनीति, अध्यक्ष खातिर 8 नाम, 2 पर पार्टी गंभीर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

PK इफेक्ट : UP में कांग्रेस के नया रणनीति, अध्यक्ष खातिर 8 नाम, 2 पर पार्टी गंभीर, एक दलित…त दुसरका ब्राह्मण

पॉलिटिकल स्ट्रेटजिस्ट प्रशांत किशोर कांग्रेस में शामिल होत-होते रह गइनें। कई दौर के बातचीत के बाद पार्टी अउर कांग्रेस के बीच बात नाइ बनल। एके अइसहूँ कह सकल जाला कि दूनों के बीच लिंकअप होइत, ओसे पहिलही ब्रेकअप हो गइल। लेकिन जात-जात पीके कांग्रेस के मुफ्त सलाह दे गइल। ऊ कहने- हमार विनम्र राय बा कि कांग्रेस के हमसे ज्यादा लीडरशिप अउर जड़ में घर कर गइल ढांचागत समस्या के दूर कइले खातिर साझा दृढ़ इच्छाशक्ति के जरूरत बा।
उनकर मतलब साफ रहल कि कांग्रेस के लीडरशिप बदलले अउर अपने भीतर बड़ बदलाव कइले के जरूरत बा। उनके पार्टी से न जुड़ले के खबर अउर सलाह के दूसरे दिन कांग्रेस महासचिव प्रियंका गांधी एक्शन मोड में नजर अइली। ऊ सब पार्टी सचिव अउर वरिष्ठ नेता लोग से गंभीर डिस्कशन के बाद यूपी में अध्यक्ष पद की नियुक्ति खातिर ‘2 फॉर्मूले’ निकलली। एह फॉर्मूला से साफ बा कि कांग्रेस परंपरागत पार्टी ढांचे के ओवरहालिंग कइलें के मूड में बा।

बैठक में गहन मंथन के बाद अध्यक्ष पद के रीस्ट्रक्चरिंग खातिर निकलल फॉर्मूला एह बात के संकेत बा कि कांग्रेस अउर पीके के जुड़ाव के आड़ में भलही कुछ शर्त आ गइल होखे, लेकिन पीके के मुफ्त सलाह के पार्टी के शीर्ष नेतृत्व गंभीरता से लेहलस। बैठक के अंत में पार्टी दू नाम के ले के गंभीर दिखल, पहिला नाम दलित त दूसरका ब्राह्मण नेता के बा।

दू नाम पर चल रहल बा गंभीर मंथन, एगो दलित दूसर ब्राह्मण

सूत्रन के मानल जाए त पन्ना लाल पुनिया (पीएल पुनिया) अउर प्रमोद तिवारी के नाम के ले के गंभीर मंथन चल रहल बा। तिसरका नाम राहुल गांधी के करीबी नदीम जावेद के भी बा। लेकिन पार्टी मुस्लिम अपीजमेंट करत नाइ दिखल चाहsतिया। लिहाजा कौनो हिंदू चेहरा के ही ऊ लावल चाहsतिया।

सूत्रन के मानल जाए त पद खातिर दलित चेहरा पर आखिरी मुहर लाग सsकता। लेकिन एही 8 नाम से 4 जोन के आबादी के आधार पर 4 कार्यकारी अध्यक्ष चुनल जा सकsतने। एक जोन के कार्यकारी अध्यक्ष के रूप में नदीम के जगह मिलले के पूरा उम्मीद बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]