Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

72 दिन बाद आज आजाद होइहे लालू यादव: AIIMS से मीसा भारती के आवास जइहे; 30 के आ सकत बाड़े पटना

244

चारा घोटाला ममिला में सजायाफ्ता RJD सुप्रीमो लालू प्रसाद यादव 72 दिन बाद आज जेल से बहरी अइहे। जमानत के बाद के सब कागजी प्रक्रिया पूरा कs लिहल गइल बा। लोअर कोर्ट में 10 लाख रुपिया के जुर्माना आ एक-एक लाख रुपिया के दू गो बेल-बॉन्ड भरला के बाद उनकर रिलीज ऑर्डर होटवार जेल में पहुंचा दिहल जाई। एकरा बाद ऊ बाहर आ जइहे।

डोरंडा कोषागार से अवैध निकासी के ममिला में लालू प्रसाद यादव के 6 दिन पहिले 22 अप्रिल के जमानत  मिल गइल रहे। बाकिर, हाईकोर्ट के ऑर्डर लोअर कोर्ट तक पहुंचे के प्रक्रिया में लगभग 6 दिन का समे लाग गइल। जमानत के ऑर्डर के कॉपी मंगर के अदालत के आदेस वेबसाइट पs अपलोड कइल गइल। बुध के निचिला अदालत के फैक्स कइल गइल।  बाद एकरा बाद बेल बॉन्ड आ जुर्माना भरे के प्रक्रिया पूरा कइल गइल।

हेल्थ में सुधार, डॉक्टर पहिलही घरे जाये के दे चुकल बाड़े
ओने, AIIMS में इलाजारत लालू प्रसाद के सेहत में सुधार बा। उनकर क्रिएटनिन लेवल 4 पs आ गइल बा आ कंट्रोल में बा। अइसे में डॉक्टर पहलही उनका के डिस्चार्ज करे पs आपन सहमति दे चुकल बाड़े। माने  जमानत के प्रक्रिया पूरा होखते लालू हॉस्पिटल से बहरी आ जइहे। लालू परिवार के एगो करीबी सूत्र के मानल जाव तs लालू हॉस्पिटल से पहिले दिल्ली इस्थित अपना बेटी मीसा भारती के आवास जइहे।

30 के चार्टर प्लेन से आ सकते बाड़े

मीसा के आवास में दू दिन तक ऊ आपन हेल्थ के आंकलन करिहे। एकरा बाद 30 अप्रिल के उनका पटना आवे के संभावना बा। एकरा ला उनकर परिजन लो के तरफ से तइयारी कइल जा रहल बा। उनकर हेल्थ के धेयान में राखत उनका के चार्टर प्लेन से दिल्ली से पटना ले आवे के तइयारी कइल जा रहल बा। पूरा तइयारी लगभग आखिरी चरण में बा।

तेज प्रताप जा सकते बाड़े दिल्ली
एने, पार्टी में मचल घमासान के बीचे लालू प्रसाद के बड़ बेटा तेज प्रताप यादव सुक के अपना बाबूजी के लगे दिल्ली जा सकत बाड़े। तेज प्रताप के एगो करीबी के मुताबिक ऊ अपना बाबूजी  के बहरी आवे के इंतजार करत रहस। ऊ खुद अपने लालू प्रसाद के रिसीव करे दिल्ली जइहे आ उहवां पार्टी के इस्थिति के जानकारी दिहे। ऊ कब आ कइसे दिल्ली जइहे फिलहाल एकरा के गोपनीय राखल जा रहल बा।

15 फरवरी से जेल में बंद बाड़े लालू
डोरंडा कोषागार ममिला में लालू यादव 15 फरवरी के दोषी करार दिहल गइल रहस। एकरा बाद उनका के  होटवार जेल भेज दिहल गइल रहे। ओहिजा से उनका स्वास्थ के देखत रांची RIMS हॉस्पिटल में भेजल गइल रहे। जहां इस्थिति जादे बिगड़ला के बाद 22 मार्च के AIIMS दिल्ली शिफ्ट कs दिहल गइल रहे। फिलहाल ऊ एम्स एडमिट बाड़े।

एह बेमारियन से ग्रसित बाड़े लालू यादव
जानकारी के मोताबिक लालू यादव के डाइबिटीज, हृदय रोग, किडनी में स्टोन, हाइपर टेंशन, थैलीसीमिया, प्रोस्टेट के बढ़ला, यूरिक एसिड के  ढ़ला , ब्रेन से संबंधित बीमारी, कमजोर इम्युनिटी, दहिना कंधा के हड्डी में दिक्कत, पैर के हड्डी के समस्या, आंख में दिक्कत बा। उनकर किडनी फोर्थ माने लास्ट स्टेज में ब ।

246200cookie-check72 दिन बाद आज आजाद होइहे लालू यादव: AIIMS से मीसा भारती के आवास जइहे; 30 के आ सकत बाड़े पटना

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.