यूनियन कार्बाइड के जहरीला कचरा के लेके पीथमपुर में जबरदस्त हंगामा, पुलिस कइलस लाठीचार्ज

पीथमपुर में जबरदस्त हंगामा

Share

मध्य प्रदेश के पीथमपुर में यूनियन कार्बाइड के जहरीला कचरा के आयात के खिलाफ भारी हंगामा मचल बा। खबर के मुताबिक हजारों लोग सड़क पs निकलल बाड़े अवुरी पुलिस के बेकाबू जनता पs नियंत्रण राखे खातीर लाठीचार्ज के सहारा लेवे के पड़ल। बता दीं कि भोपाल गैस त्रासदी के 40 साल बाद बियफ़ें के सबेरे यूनियन कार्बाइड फैक्ट्री के 337 टन जहरीला कचरा इंदौर के नजदीक पीथमपुर में एगो औद्योगिक कचरा जमा इकाई में पहुंचावल गईल। लोग के मांग बा कि एह कचरा के निपटान के इंतजाम पीथमपुर से कहीं अउर स्थानांतरित कs दिहल जाव.

सीलबंद कंटेनर में कचरा आवत रहे

बता दीं कि कड़ा सुरक्षा व्यवस्था के तहत ‘ग्रीन कॉरिडोर’ बना के जहरीला कचरा के 12 सील कंटेनर ट्रक में भोपाल से 250 किलोमीटर दूर धार जिला के पीथमपुर औद्योगिक क्षेत्र के कचरा जमा इकाई में ले आवल गईल। यूनियन कार्बाइड फैक्ट्री के जहरीला कचरा पीथमपुर पहुंचला के बाद स्थानीय नागरिक जोरदार विरोध प्रदर्शन शुरू कs देले बाड़े। करीब डेढ़ लाख 75 हजार आबादी वाला पीथमपुर में आजु बंद के आह्वान भइल आ एह मामिला में लोग विरोध करे लागल. प्रदर्शन के दौरान लोग बेकाबू हो गईले जवना के बाद पुलिस लाठीचार्ज के सहारा लेलस।

पीथमपुर में विरोध काहे?
नागरिकन के आशंका रहल बा कि पीथमपुर में जहरीला कचरा के नष्ट कइला से मानव आबादी आ पर्यावरण पs खतरनाक असर पड़ सकेला. पीठमपुर से इंदौर के बीच लगभग 30 किलोमीटर के दूरी बा। पिठमपुर में यूनियन कार्बाइड फैक्ट्री के जहरीला कचरा जरे के विरोध में इंदौर के नागरिक भी विरोध कs रहल बाड़े। हालांकि राज्य सरकार एs आशंका के खारिज कs के भरोसा देले बिया कि एs कचरा के सुरक्षित निपटान के ठोस व्यवस्था बा। सरकार के आश्वासन के बावजूद लोग आशंकित लउकत बाड़े अवुरी कचरा के कहीं अवुरी ले जाए के मांग करत विरोध करतारे।

इहो पढ़ीं : अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के’ प्यार तs भइल बाकिर ताउम्र रहली अकेले…एह सुपरस्टार हीरोइन के जानीं कहानी

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-