[the_ad_group id="30365"]

महाराष्ट्र के सोलापुर में वंदे भारत ट्रेन पs पथराव, सी-11 कोच के टूटल खिड़की, जांच जारी

सोलापुर में वंदे भारत ट्रेन पs पथराव
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

वंदे भारत एक्सप्रेस ट्रेन में पत्थरबाजी के घटना रुकत नइखे। एह कड़ी में महाराष्ट्र के सोलापुर में एगो अनजान आदमी वंदे भारत एक्सप्रेस ट्रेन पs पत्थर फेंकले बा. मुंबई से सोलापुर जाए वाली वंदे भारत ट्रेन में जेउर रेलवे स्टेशन के लगे एगो अज्ञात आदमी पत्थर फेंक दिहलस. एकरा चलते सी-11 कोच के गिलास टूट गईल। फिलहाल एs घटना में केहु के घाही होखे के कवनो खबर नईखे। मामला के रेलवे अवुरी प्रशासन के ओर से जांच कईल जाता। बता दीं कि हिमाचल प्रदेश के ऊना जिला में दिल्ली-ऊना वंदे भारत ट्रेन के कोच पs पत्थरबाजी के घटना के बाद सुरक्षा बल के जवान के ट्रेन में तैनात कईल गईल। 

हिमाचल जाए वाला वंदे भारत में भी पथराव

जिला प्रशासन के अधिकारी बतवले कि जवना जगह पs घटना भईल बा, ओ जगह पs भी नजर राखल जाता। रेलवे के प्रवक्ता बतवले कि, रेलवे संरक्षण बल अवुरी सरकारी रेल पुलिस के दस जवान के ट्रेन में तैनात कईल गईल बा अवुरी संदिग्ध जगह पs नजर राखल जाता, सोमार के रात में आरपीएफ के छव जवान वंदे भारत ट्रेन में सवार भईले। जबकि नांगल आ ऊना से दू गो आरपीएफ आ दू गो जीआरपी जवान ट्रेन में चढ़ले. अधिकारी के मुताबिक शनिचर अवुरी अतवार के ऊना में अलग-अलग जगह पs ट्रेन पs पत्थरबाजी भईल। अधिकारी के मुताबिक, हालांकि ट्रेन में सवार यात्री में से केहु घाही नईखे भईल, बाकिर ट्रेन के बहुत कांच के शीशा के नुकसान पहुंचल बा। 

इहो पढ़ीं:सबेरे-सबेरे: अंगूरी आ कलाइ के दर्द से छुटकारा पावे खातीर जरूर करीं इs 3 गो योगासन

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]