बदमाश कुल पीट-पीट के कइले शख्स के हत्या, Insta पs लाइव आके कइले मारपीट

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 3, 2025

जिला के फतेहपुर कस्बा में एगो आदमी से खुलेआम मारपीट के मामला सोझा आईल बा। इहाँ के आरोपी के मनोबल एतना जादा बा कि उs लोग सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म इंस्टाग्राम पs मारपीट के घटना के

Share

अपराध

जिला के फतेहपुर कस्बा में एगो आदमी से खुलेआम मारपीट के मामला सोझा आईल बा। इहाँ के आरोपी के मनोबल एतना जादा बा कि उs लोग सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म इंस्टाग्राम पs मारपीट के घटना के लाइव कs देले।  एह दौरान 100 से अधिका लोग इंस्टाग्राम पs भी एह घटना के देखत रहे।  पूरा मामला दीनवा लाड़खानी गांव के बतावल जाता।  इहाँ बुध के रात मेघ सिंह के बेटा 55 साल के गोपाल पs सत्या गैंग के बदमाश हमला कs तेज हथियार से हत्या कs देले।

दर्जनों लोग हमला कs दिहले

मिलल जानकारी के मुताबिक गोपाल सिंह रात के दस बजे गांव के एगो दोकान पs जात रहले। तब सत्या गैंग के दर्जन भर लोग एगो कार में आके गोपाल सिंह पs तेज हथियार से हमला कs दिहले। हमला के दौरान जब गांव के लोग मौका पs पहुंचले तs सभ बदमाश गाड़ी में सवार होके फरार हो गईले।  एकरा बाद गंभीर रूप से घाही गोपाल सिंह के हड़बड़ी में अस्पताल पहुंचावल गईल, जहां से उनुका के जयपुर रेफर कs दिहल गईल। इहाँ इलाज के दौरान उनुकर मौत हो गईल।  घटना के अंजाम देत घरी आरोपी इंस्टाग्राम पs आपन लाइव वीडियो पोस्ट कईले, जवना से पूरा इलाका में सनसनी फैल गईल।

सख्त कार्रवाई के मांग

गोपाल सिंह के परिवार के लोग अवुरी गांव के लोग आरोपी के गिरफ्तारी अवुरी एs लोग पs कड़ा कार्रवाई के मांग करतारे। एकरा बारे में उs लोग लाश के संगे विरोध प्रदर्शन भी कईले। मामला बहुत गंभीर होखला के बावजूद अबे ले आरोपी के गिरफ्तारी नईखे भईल।  पुलिस आश्वासन देले बिया कि जल्दिए बदमाश के गिरफ्तार कs लिहल जाई अवुरी एs लोग पs कड़ा कार्रवाई होई।  घटना के बाद गांव में डर के माहौल बा।  गाँव के लोग प्रशासन से माँग कइले बा कि जल्द से जल्द आरोपी के गिरफ्तार कs कड़ा सजा दिहल जाव.

इहो पढ़ीं : अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के’ 70 के दशक के सुपर हिट हीरो जेकरा के ओवर कॉन्फिडेन्स कs दिहलस करियर बर्बाद

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.