[the_ad_group id="30365"]

बिहार के सीएम के साथ बइठल सपा अध्यक्ष के तस्वीर वायरल, लोग बोललें- हुबहू नेता जी जइसन दिख रहल बानें अखिलेश

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

समाजवादी पार्टी के संरक्षक अउर मुलायम सिंह यादव के 10 अक्तूबर दिन सोमार के निधन हो गइल रहल, जेकरे बाद से ‘नेता जी’ के पैतृक गांव सैफई में लोग के आइल-गइल लागल बा। वीवीआईपी से ले के आमजन तक सैफई पहुंच रहल बानें। सपा संरक्षक के अंतिम संस्कार के बाद भी ई सिलसिला जारी बा।
एही बीच सैफई से निकल के एक फोटो सोशल मीडिया पर खूब वायरल हो रहल बा, जेमें सपा अध्यक्ष अखिलेश यादव बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार अउर अपने चाचा रामगोपाल के साथ बैठल नजर आ रहल बानें। एह फोटो के देख के लोग प्रतिक्रिया स्वरूप कह रहल बानें। अइसन लग रहल बा कि नेताजी खुद बइठल बानें।
सपा प्रवक्ता अनुराग भदौरिया भी ट्विटर पर फोटो साझा कइले बानें। जेपर यूजर्स तरह-तरह के कॉमेंट कर रहल बानें। एहमें से एक जनी लिखलें, पहिला नजर में देखले पर केहू भी भ्रमित हो सकsता। अखिलेश यादव हुबहू, नेता जी मुलायम सिंह यादव के प्रतिमूर्ति के तरे लागतने। उहवें एक यूजर शायराना अंदाज में लिखलें, कल जो थे मुलायम, वही आज अखिलेश हैं, आज जो अखिलेश हैं, कल वही फिर मुलायम होंगे..!!

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]