नेपाल के पीएम 4 मंत्रियन के कैबिनेट से कइलें बर्खास्त: राष्ट्रपति कार्यालय

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 13, 2022

काठमांडू : नेपाली प्रधानमंत्री शेर बहादुर देउबा (Nepal PM Sher Bahadur Deuba) बियफे के जनता समाजवादी पार्टी (जेएसपी) के प्रतिनिधित्व करे वाला चार मंत्रियन के बर्खास्त क देले। जे आवे आला चुनावन खातिर सीपीएन-यूएमएल के

Share

काठमांडू : नेपाली प्रधानमंत्री शेर बहादुर देउबा (Nepal PM Sher Bahadur Deuba) बियफे के जनता समाजवादी पार्टी (जेएसपी) के प्रतिनिधित्व करे वाला चार मंत्रियन के बर्खास्त क देले। जे आवे आला चुनावन खातिर सीपीएन-यूएमएल के संगे हाथ मिलवला के बाद पिछला हफ्ता सत्तारूढ़ गठबंधन छोड़ देले रहे लो।

काठमांडू पोस्ट अखबार बियफे सांझ राष्ट्रपति कार्यालय द्वारा जारी एगो बयान के हवाला देत कहलस, ‘प्रधानमंत्री के सिफारिश प, राष्ट्रपति चार मंत्रियन के ओह लो के जिम्मेदारियन से मुक्त क देले बाड़े’। मंत्री पद से मुक्त होखे वालन में संघीय मामलन आ सामान्य प्रशासन मंत्री राजेंद्र श्रेष्ठ, वन आ पर्यावरण मंत्री प्रदीप यादव, भौतिक आधारभूत संरचना मंत्री मोहम्मद इस्तियाक राय आ कृषि आउर पशुधन मंत्री मृगेंद्र कुमार सिंह शामिल बा लो।

चुनाव आयोग के आचार संहिता के मोताबिक जदि एह मंत्रियन के हटाइयो दिहल जाव त प्रधानमंत्री के नया मंत्रियन के नियुक्त करे के संभावना बहुते कम बा। चुनाव आयोग के कहनाम बा कि मंत्रिमंडल में नया नियुक्तियन से चुनाव आचार संहिता के उल्लंघन होई।

जनता समाजवादी नेता लो तर्क देले रहे लो कि ऊ लोग सरकार नइखे छोड़ले लो बलुक कुछ निर्वाचन क्षेत्रन में चुनाव खातिर यूएमएल के संगे भागीदारी कइले बा लो। प्रधानमंत्री देउबा एह ममिला प सीपीएन (माओवादी सेंटर), सीपीएन (यूनिफाइड सोशलिस्ट) आ राष्ट्रीय जनमोर्चा के संगे चरचा कइले रहस। कुछ नेता लोग ओह लोगन के कर्तव्यन से मुक्त करे आ बिना विभाग के मंत्री पद प्रदान करे के सुझाव दे रहे लो। ऊ तर्क देले रहे लो कि चुनाव के बाद साझेदारी के संभावना के देखत पार्टी अभियो गठबंधन के हिस्सा हो सकत बिया। नेपाल में 20 नवंबर के संघीय संसद आ प्रांतीय विधानसभा खातिर चुनाव करावे के तइयारी बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.