[the_ad_group id="30365"]

PFI: पनवेल से बैन भइल पीएफआई के चार कार्यकर्ता कइल गइलें गिरफ्तार, महाराष्ट्र एटीएस दबोचलस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

महाराष्ट्र पुलिस के आतंकवाद निरोधक दस्ते (ATS) मुंबई से सटल रायगढ़ जिला के पनवेल से प्रतिबंधित संगठन पॉपुलर फ्रंट ऑफ इंडिया (PFI) के चार सदस्यन के गिरफ्तार कइले बा। पाबंदी के बावजूद ई सब संगठन के गतिविधियां संचालित करत रहलें।
एटीएस के अनुसार गिरफ्तार लोग में प्रतिबंधित संगठन के पनवेल सचिव अउर दु अन्य कार्यकर्ता शामिल बानें। ई पनवेल में बैठक करत रहलें। उ आज सुबह करीब 4 बजे गिरफ्तार कइल गइल। पनवेल मुंबई से करीब 50 किलोमीटर दूर बा। पूछताछ के बाद चारो लोग गैर कानूनी गतिविधि (रोकथाम) कानून के धारा 10 के तहत मुंबई में एटीएस के कालाचौकी इकाई में दर्ज मामले में गिरफ्तार कइल गइल। एटीएस मामिला के आगे जांच क रहल बा।

केंद्र सरकार पिछले महीने पीएफआई अउर ओकरे कई सहयोगियन पर आईएसआईएस (ISIS) जइसन वैश्विक आतंकी समूह से संपर्क होखले के आरोप लगावत पांच साल खातिर प्रतिबंध लगा दिहल गइल। पिछले महीना पीएफआई से कथित रूप से जुड़ल 250 से ज्यादा लोग के पिछले महीना कई राज्यन में छापेमारी कs के गिरफ्तार कइल गइल रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]