Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

UP News: आतंकी हमला में मारल गइल कन्नौज के मजदूरन के परिजनन के पांच-पांच लाख के मुआवजा

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ शोपियां में आतंकी हमला में मारल गइल कन्नौज निवासी मनीष आ रामसागर के परिजनन के पांच-पांच लाख रुपिया सहायता राशि देवे के निरदेस दिहल गइल बा। 

365

कश्मीर के शोपियां में टारगेट किलिंग में मारल गइल कन्नौज के दुनो मजदूरन के परिजनन के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ पांच-पांच लाख रुपिया सहायता राशि देवे के निरदेस देले बा लो।

कन्नौज के ठठिया थाना क्षेत्र के दन्नापुरवा निवासी रामसागर (50), मुनेश कुमार (38), मुनेश के भाई रामबाबू, भोला, मोनू, पिंटू आ विनय शोपियां में एगो बागान में सेब के पैकेजिंग आ लोडिंग करत रहे।

ई सब ठेकेदार से हिसाब-किताब क के मंगर के सबेरे करीब चार बजे घर से निकले वाला रहे लो बाकिर रात करीब साढ़े 12 बजे आतंकियन ग्रेनेड से हमला क देलस। एहमे आ रामसागर आ मुनेश के मौका प मौत हो गइल।

हमला के करीब आधा घंटा पहिले दुनो मंगर रात अपना परिजनन से बात कइले रहे लो आ सबेरे चार बजे घरे खातिर निकले के सूचना देले रहे लो। ग्रेनेड हमला में दुनो के मौत हो गइल। राज्य सरकार दुनो मृतकन के परिजनन के पांच-पांच लाख रुपिया मुआवजा देवे के एलान कइले बिया।

357750cookie-checkUP News: आतंकी हमला में मारल गइल कन्नौज के मजदूरन के परिजनन के पांच-पांच लाख के मुआवजा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.