[the_ad_group id="30365"]

UP News: आतंकी हमला में मारल गइल कन्नौज के मजदूरन के परिजनन के पांच-पांच लाख के मुआवजा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कश्मीर के शोपियां में टारगेट किलिंग में मारल गइल कन्नौज के दुनो मजदूरन के परिजनन के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ पांच-पांच लाख रुपिया सहायता राशि देवे के निरदेस देले बा लो।

कन्नौज के ठठिया थाना क्षेत्र के दन्नापुरवा निवासी रामसागर (50), मुनेश कुमार (38), मुनेश के भाई रामबाबू, भोला, मोनू, पिंटू आ विनय शोपियां में एगो बागान में सेब के पैकेजिंग आ लोडिंग करत रहे।

ई सब ठेकेदार से हिसाब-किताब क के मंगर के सबेरे करीब चार बजे घर से निकले वाला रहे लो बाकिर रात करीब साढ़े 12 बजे आतंकियन ग्रेनेड से हमला क देलस। एहमे आ रामसागर आ मुनेश के मौका प मौत हो गइल।

हमला के करीब आधा घंटा पहिले दुनो मंगर रात अपना परिजनन से बात कइले रहे लो आ सबेरे चार बजे घरे खातिर निकले के सूचना देले रहे लो। ग्रेनेड हमला में दुनो के मौत हो गइल। राज्य सरकार दुनो मृतकन के परिजनन के पांच-पांच लाख रुपिया मुआवजा देवे के एलान कइले बिया।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]