[the_ad_group id="30365"]

फिल्म ‘आदिपुरुष’ के खिलाफ दायर भइल याचिका, भगवान राम अउर हनुमान के गलत चित्रण के लागल आरोप

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

‘आदिपुरुष’ के मेकर्स के मुश्किल कम होखले के नाव नाइ ले रहल बा। टीजर के जारी होखले के बाद से ही फिल्म निर्माता के पहिले आलोचना, फिर ट्रोलिंग अउर अब फिल्म पर रोक लगावे वाली याचिका के सामना करे के पड़ रहल बा। दिल्ली के एगो अदालत में फिल्म ‘आदिपुरुष’ के रिलीज पर रोक लगावे के मांग वाली याचिका दायर कइल गइल बा। याचिका में आरोप लगावल गइल कि फिल्म में भगवान राम अउर हनुमान के गलत चित्रण में दिखावल गइल बा।
https://twitter.com/ANI/status/1578660510660145152?t=EUiyCpif36-Zr29L7BPnag&s=19
आदिपुरुष

उत्तर प्रदेश में दर्ज भइल शिकायत

दिल्ली में याचिका दायर होखले से पहिले उत्तर प्रदेश में सैफ अली खान, कृति सेनन अभिनीत फिल्म ‘आदिपुरुष’ के खिलाफ शिकायत दर्ज भइल रहे। लखनऊ में एगो वकील फिल्म के अभिनेता अउर निर्माता के खिलाफ कार्रवाई के मांग करत अदालत के दरवाजा खटखटवलें।
प्राप्त जानकारी के मुताबिक लखनऊ के एगो वकील प्रमोद पांडे बियफ़े के मुख्य न्यायिक मजिस्ट्रेट (सीजेएम) के लग्गे सैफ अली खान, प्रभास राघव, कृति सेनन, निर्माता-निर्देशक ओम राउत अउर भूषण कुमार के एक पक्ष बनावत उनके खिलाफ शिकायत दर्ज करवलें। उनकर कहनाम रहल कि हिंदू देवता, विशेष रूप से हनुमान अउर राम के चरित्र के गलत तरीका से चित्रित करे खातिर सितारन अउर फिल्म निर्माता के खिलाफ सीआरपीसी के धारा 153 (3) के तहत आपराधिक मामला दर्ज कइल जाए।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]