[the_ad_group id="30365"]

प्रेमचंद के साहित्य अब खाली एगो क्लिक पs मिली, प्रेमचंद साहित्य संस्थान कइलस प्रेमचंद साहित्य संस्थान डॉट कॉम वेबसाइट के लोकार्पण 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर: प्रेमचंद साहित्य संस्थान कथा सम्राट प्रेमचंद जयंती समारोह अतवार के संस्थान द्वारा प्रेमचंद के रामचर्चा पs प्रकाशित अर्धवार्षिक पत्रिका ‘कर्मभूमि’ के 12वां अंक आ संस्थान के वेबसाइट ‘प्रेमचंद साहित्य संस्थान डॉट कॉम’ के लोकार्पण कइल गइल। एह मौका पs देवेन्द्र कुमार बंगाली स्मृति कविता सम्मान- 2022 कवि अरुण देव के मिलल। एह वेबसाइट पs एगो क्लिक पs प्रेमचंद के साहित्य पढ़े खातिर उपलब्ध हो जाई।

प्रेमचंद साहित्य संस्थान के अध्यक्ष वरिष्ठ साहित्यकार प्रो रामदेव शुक्ल, निदेशक प्रो सदानंद शाही, आलोचक गोरखपुर विश्वविधालय के हिन्दी विभाग के पूर्व अध्यक्ष प्रो अनिल राय, जीडीए के सचिव उदय प्रताप सिंह, वरिष्ठ कवि स्वप्निल श्रीवास्तव, आलोचक कपिल देव, संस्थान के सचिव प्रो राजेश मल्ल, मधुप कुमार, राजेश सिंह, एस आर रहमान, अब्दुल्ला सिराज, अचिंत्य लाहिड़ी, अशोक चौधरी, आनंद पांडेय आ आउर लोग मवजूद रहल।

अरुण कुमार के मिलल देवेन्द्र कुमार स्मृति सम्मान

संस्थान कवि देवेन्द्र कुमार बंगाली के स्मृति में देवेन्द्र कुमार स्मृति कविता सम्मान कवि आ समालोचन के संपादक अरुण देव के प्रदान कइल गइल। उनका के स्मृति चिन्ह, मान पत्र आ उत्तरीय के संगे 11 हजार के सम्मान राशि भेंट कइल गइल। मान पत्र के वाचन वरिष्ठ पत्रकार अशोक चौधरी कइले। एह दौरान सम्मानित कवि अरुण देव आपन दु गो कविता- ‘सुजान’ आ ‘अपनी प्रिय एंकर के लिए’ पाठ कइलें।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]