[the_ad_group id="30365"]

UP: अब रोडवेज बस में छुट्टा के लेके नाहीं होई झंझट, सीट के पीछे लागी भुगतान स्टीकर

रोडवेज बस
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अब भारत इंटरफेस फॉर मनी ऐप के माध्यम से रोडवेज बस में यूपीआई आधारित डिजिटल टिकटिंग सिस्टम के इस्तेमाल कईल जाई। सोमार से ई प्रक्रिया शुरू हो गइल बा. एकरा तहत यात्री के कैशबैक दिहल जाई। ई जानकारी परिवहन मंत्री दयाशंकर सिंह दिहले बाड़न.

परिवहन मंत्री कहले कि बस चालक अवुरी कंडक्टर के प्रोत्साहित करे खातीर लगातार प्रयास कईल जाता। एकरा तहत भारतीय राष्ट्रीय भुगतान निगम (एनसीपीआई) के ओर से निगम बस में डिजिटल लेनदेन के बढ़ावा दिहल जाता।

अयीसना में निगम के सभ बस में यात्री सीट के पीछे यूपीआई के स्टिकर लगावल जाता। ई स्टिकर सगरी क्षेत्रीय प्रबंधकन के उपलब्ध करावल जा रहल बा. अबे ले हर क्षेत्र खातिर 20 बक्सा के इंतजाम कईल गईल बा। हर बक्सा में करीब तीन हजार स्टिकर बा। इs सब बस में लगावल जाता।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]