Gorakhpur News: सीएम योगी नानाजी देशमुख पार्क के शिलान्यास कईले, आदमकम प्रतिमा भी होई स्थापित

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 12, 2025

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ नेताजी सुभाष चंद्र बोस नगर कालोनी में नगर निगम के ओर से 172 लाख रुपया के लागत से विकसित होखत भारत रत्न नानाजी देशमुख पार्क के निर्माण कार्य के शिलान्यास कईले। वैदिक

Share

लोकार्पण करत सीएम

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ नेताजी सुभाष चंद्र बोस नगर कालोनी में नगर निगम के ओर से 172 लाख रुपया के लागत से विकसित होखत भारत रत्न नानाजी देशमुख पार्क के निर्माण कार्य के शिलान्यास कईले। वैदिक मंत्रोच्चार के बीच पार्क के शिलान्यास कईला के बाद मुख्यमंत्री रुद्राक्ष के पौधा भी रोपले।


एह पार्क के निर्माण 1800 वर्ग मीटर के क्षेत्र में होई अवुरी एकरा के पूरा होखला के बाद एकरा में नानाजी देशमुख के जीवन आकार के मूर्ति भी लगावल जाई। पार्क के शिलान्यास समारोह के मौका पs मुख्यमंत्री एकरा प्रस्तावित मॉडल के थ्रीडी गैलरी के भी अवलोकन कईले।

एह अवसर पs सांसद रविकिशन शुक्ल, जिला पंचायत अध्यक्ष साधना सिंह, महापौर डॉ. मंगलेश श्रीवास्तव, विधायक फतेह बहादुर सिंह, विपिन सिंह, राज्य महिला आयोग की उपाध्यक्ष चारू चौधरी, राष्ट्रीय स्वयंसेवक संघ के प्रांत प्रचारक रमेश , भाजपा के क्षेत्रीय अध्यक्ष सहजानंद राय, महानगर अध्यक्ष राजेश गुप्ता, पार्षद आरती सिंह, धर्मदेव चौहान, ऋषि मोहन वर्मा, पवन त्रिपाठी, रंजुला रावत, पवन सिंह, अजय ओझा, जयंत निषाद, श्रवण पटेल सहित प्रशासन, नगर निगम, जीडीए आ पुलिस विभाग के वरिष्ठ अधिकारी मौजूद रहले।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.