[the_ad_group id="30365"]

X के करेनी इस्तेमाल त दी ध्यान, एलन मस्क बंद करे वाला बाड़े एह फ्री सर्विस, अब देवे के पड़ी पइसा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

जबसे एलन मस्क ट्विटर यानी एक्स के बागडोर सम्हरले बाड़न तबसे ऊ लगातार एह माइक्रोब्लॉगिंग प्लेटफॉर्म में नया बदलाव करत बाड़न। नया फीचर जोड़ला के संगे मस्क ट्विटर पs भी बहुत नियम लागू कईले बाड़े। एलन मस्क के आवे से पहिले ट्विटर पs यूजर के मुफ्त सेवा मिलत रहे, लेकिन अब एकरा पs पेड सेवा भी शुरू हो गईल बा। एही बीच मस्क एक्स के लेके एगो बड़ घोषणा कईले बाड़े। मस्क बहुत जल्दी एक्स के एगो अवुरी मुफ्त सेवा बंद करे वाला बाड़े।

अब तक मुफ्त सदस्यन के भी चुनाव में भाग लेवे के सुविधा मिलत रहे लेकिन अब बहुत जल्दी एकरा पs रोक लगा दिहल जा सकता। दरअसल, अब एलन मस्क द्वारा घोषणा कइल गइल बा कि जल्दिये एक्स पs, राजनीतिक आ अउरी मुद्दा सभ पs पोल में खाली उहे यूजर भाग ले सके लें जिनहन के सदस्यता बा यानी पेड यूजर। आवे वाला दिन में कवनो तरह के पोल में भाग लेबे खातिर पेड सदस्यता लिहल जरूरी हो जाई।

एह वजह से कदम उठावल गईल

मानल जात बा कि मस्क अइसन कदम उठावत बाड़न जेहसे कि बॉट्स से बचल जा सके आ साथे साथ एह पोल के सही रिजल्ट सामने आ सके। एलन मस्क कहले कि हमनी के ए पोल के सेटिंग में बदलाव करे के योजना बा ताकि वेरिफाइड यूजर्स एक्स पs वोट दे सकेले। उ कहले कि विवादित मुद्दा में बॉट -स्पैम के रोके चाहे कम करे खातीर इ बहुत जरूरी कदम बा। एलन मस्क इहो बतवले कि एह हफ्ता बहुते बॉट भी बंद हो गइल बा।

एक्स पs ऑडियो कॉलिंग फीचर उपलब्ध होई

बता दी कि एलन मस्क एक्स के एगो अइसन ऐप के रूप में तइयार कs रहल बाड़े जवना में यूजर के हर तरह के सुविधा मिल सकेला। हाल ही में उ घोषणा कईले रहले कि एक्स में यूजर के बहुत जल्दी ऑडियो अवुरी वीडियो कॉलिंग पोर्ट मिल जाई। एतने ना, मस्क के मुताबिक एक्स पs कॉल चाहे वीडियो कॉल करे खातीर यूजर के कवनो प्रकार के मोबाइल नंबर के जरूरत ना पड़ी। फोन नंबर सेव कईले बिना भी यूजर कॉल क सकेले। एंड्रॉयड अवुरी मैक ओएस अवुरी विंडो प्लेटफॉर्म के सभ यूजर खातीर कॉलिंग के सुविधा उपलब्ध होई।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]