[the_ad_group id="30365"]

चांद पs फेरु Chandrayaan-3 के लैंडिंग, स्टार्ट भइल विक्रम लैंडर के इंजन आ फेरु….; ISRO दिहलस बड़ खुशखबरी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

चंद्रयान-3 एक बेर फेरु चंद्रमा पs उतरल बा। इसरो सोमार के दिने ई जानकारी दिहलस। दरअसल, विक्रम लैंडर के सबसे पहिले चंद्रमा के सतह से 40 सेमी ऊपर उठावल गईल रहे अवुरी एक बेर फेरु एकर सुरक्षित उतरल।इसरो एक्स पs जानकारी दिहलस, ‘विक्रम के चाँद प फेर से सॉफ्ट लैंडिंग बा।’ विक्रम अपना मिशन के उद्देश्य से काफी आगे काम कs रहल बाड़े। उ एगो अवुरी सफल प्रयोग कईले बाड़े। विक्रम लैंडर के इंजन एक बेर फेरु स्टार्ट हो गईल अवुरी उ चंद्रमा के सतह से 40 सेमी ऊपर उठ गईल। फिर से 30 से 40 सेमी के दूरी पs सॉफ्ट लैंडिंग कइलस।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]