[the_ad_group id="30365"]

पटना के राजीव नगर में आजो लउकी बुलडोजर के एक्शन, पप्पू यादव के आंदोलन के ऐलान; बोलले- जान दे देब बाकिर जमीन ना

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार के राजधानी पटना के राजीव नगर आ नेपाली नगर में अतिक्रमण के खिलाफ प्रशासन के बुलडोजर एक्शन दूसरको दिने जारी रही। सोमार के सबेरही से जेसीबी के साथे मय टीम इलाका में कार्रवाई खातिर तइयार हो गइल बाड़ी सs। ओहिजा, जनअधिकार पार्टी (JAP) के नेता पप्पू यादव प्रशासन के एह कार्रवाई के विरोध कइले बाड़े।स्थानीय लोगन के समर्थन में ऊ आंदोलन करे के ऐलान कइले बाड़े। पप्पू यादव कहले कि हमनी के जान दे देब  बाकिर जमीन ना देब। अइसन में सोमारो के राजीव नगर में भारी तनाव देखे के मिल सकत बा। इलाका में धारा 144 लागू बा।

JAP प्रमुख पप्पू यादव अतवार के रात में नेपाली नगर में आपन डेरा डाल देले रहस। स्थानीय लोग उनकर एक स्वर में समर्थन कइल। पप्पू यादव सोमार के सबरे कर्पूरी संस्थान के लगे लोगन से जुटे के आह्वान कइले बाड़े। उनका अगुवाई में पुलिस-प्रशासन के खिलाफ धरना-प्रदर्शन आ चक्काजाम कइल जा सकत बा। टकराव के रोके खातिर पुलिस पप्पू यादव के हाउस अरेस्ट कs सकत बिया।

फिलहाल राजीव नगर से आवास बोर्ड के जमीन पs अवैध कब्जा हटावे खातिर पुलिस आ प्रशासन आरपार के मूड में नजर आ रहल बा। अतवार के करीब दु हजार पुलिसकर्मियन के मवजूदगी में डेढ़ दर्जन से जादे जेसीबी बुलडोजर से कइयन मकानन के ध्वस्त कइल गइल। एह दौरान पुलिस आ स्थानीय लोगन के बीचे हिंसक झड़प भइल।

लोग पुलिस टीम पs पथराव, आगजनी आ लाठी-डंडन से हमला कइल। जवाब में पुलिस कावर से लाठीचार्ज कइल गइल आ आंसू गैस के गोला छोड़ल गइल। एह झड़प में पटना सिटी एसपी समेत कइयन पुलिसकर्मी घायल हो गइल लो, जबकि कुछ स्थानीय लोगन के चोट पहुंचल। पुलिस उपद्रव फइलावे के आरोप में 25 से जादे लोगन के गिरफ्तार कइलें बिया। पुलिस के कहनाम बा कि उपद्रव के पीछे भूमाफिया के हाथ बा।

साभार: हिंदुस्तान

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]