[the_ad_group id="30365"]

पटना के राजीव नगर में बुलडोजर पs हाईकोर्ट के ब्रेक, अतिक्रमण हटावे पs दू दिन ले रोक, डीएम के नोटिस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार के राजधानी पटना के राजीव नगर इलाका के नेपाली नगर में अतिक्रमण के लेके चलत बुलडोजर के कार्रवाई पs हाईकोर्ट दु दिन खाती रोक लगा देलस। संगही, पटना हाईकोर्ट के जज संदीप कुमार राजधानी के जिला अधिकारी चंद्रशेखर के बोलवले बाड़े। एह ममिला के सुनवाई के दौरान पटना हाईकोर्ट सालन से बनल लोगन के मकान के गिरावे पs अचरज जतवलस। अदालत एह ममिला पs बुध 6 जुलाई के फेरू सुनवाई करी।

गौर करे आला बात बा कि एह ममिला में पटना हाईकोर्ट में दायर याचिका में याचिकाकर्ता कावर से बतावल गइल रहे कि राज्य के नीतीश कुमार सरकार अवुरी हाउसिंग बोर्ड सैकड़न मकानन के अवैध तरीका से गिरा देले बिया। याचिका में कहल गइल रहे कि दीघा भूमि निपटान कानून के तहत ई कार्रवाई नइखे भइल, जबकि एकरा खाती ई अधिनियम बनावल गइल बा। याचिका में कहल गइल रहे कि नीतीश सरकार अवरू हाउसिंग बोर्ड के काम पूरा तरीका से गैरकानूनी बा।

बता दीं कि पटना के राजीव नगर इलाका में अतवार के दिने हालात तब तनावपूर्ण हो गइल जब प्रशासन के बुलडोजर जनता के घर गिरावे खातिर चहुँप गइल। जेसीबी के एह कार्रवाई के खिलाफ लोग नाराजगी जतावत रहे। एह दौरान भीड़ भड़क गइल रहे आ पत्थरबाजी सुरू हो गइल रहे। दूसर ओर पुलिस बल हवाई फायरिंग अवरू लाठी चार्ज कs के इस्थिति के काबू में कइलस।

सोमार का दिने पटना के डीएम, एसएसपी आ सैकड़न पुलिसकर्मी समेत कइयन गो अधिकारी 17 गो बुलडोजर ले के अवैध अतिक्रमण हटावे चहुँपल लो। एह कार्रवाई के विरोध करेवाला जाप प्रमुख पप्पू यादव अवुरी उनुका समर्थकन के खिलाफ ममिला दर्ज भईल बा। एकरा संगे-संगे अतवार के बवाल मचावे वाला भारी संख्या में लोगन के खिलाफ पटना पुलिस कड़ा कार्रवाई कइले बिया।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]