[the_ad_group id="30365"]

पटना निकाय चुनाव रिजल्ट: मेयर पद पs सीता साहू-मजहबी में कांटा के टक्कर, धड़कन बढ़ल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पटना नगरीय निकाय चुनाव में पहिला बेर डिप्टी मेयर अउर मेयर खातिर सीधे मतदान भइल बा। पटना नगर निगम के भइल चुनाव के मतगणना एएन कॉलेज में जारी बा।

एही बीच में पटना नगर निगम में डिप्टी मेयर पद पs अंजना गांधी के 1.02 लाख वोट मिलल। जबकि रेशमी चंद्रवंशी 1.09 लाख वोट के संगे आगे चल रहल बा। उहवें निवर्तमान मेयर सीता साहू अपने प्रतिद्वंद्वी से अंतर बढ़ा लिहलें। सीता साहू के अब ले 40,312 वोट मिलल बा, जबकि महजबी के अब ले 30,374 वोट मिलल बा।

पटना के वार्ड नंबर-44 से आशीष चन्द्र यादव जीतलें। पटना के वार्ड नंबर-17 से सुनीता देवी पहिला बेर जितली। पटना के वार्ड नंबर-18 से रंजन कुमार जीतनें। पटना निकाय चुनाव में वार्ड 12 से सविता सिन्हा, वार्ड 25 से रजनीकांत, वार्ड 33 से शीला देवी, पटना के वार्ड 6 से धनराज देवी, वार्ड 7 से अमर कुमार जीत गइल बानें। पटना के वार्ड 26 से कांति देवी अउर वार्ड 61 से उषा देवी जीत गइल बाड़ी।

पटना के वार्ड 71 अंजली राय अउर वार्ड 11 से रवि प्रकाश जीत दर्ज कइलें। वार्ड 12 से सविता सिन्हा जीतल अउर वार्ड 25 से रजनीकांत जीत गइल बानें। वार्ड 24 से ज्ञानवती देवी, वार्ड 50 से आरजू, 51 से ज्योति रंजन दास, वार्ड 70 से विनोद कुमार अउर वार्ड 59 से नीलम कुमारी जितली।

पटना के वार्ड 5 से दीपा रानी खान, वार्ड 2 से बबिता कुमारी, वार्ड 3 से प्रभावती, वार्ड 69 से मनोज मेहता, वार्ड २३ से कुमारी सारिका, वार्ड 32 से पिंकी यादव जीत गइल बाड़ी।

जइसे-जइसे चुनाव परिणाम सोझे आ रहल बा अउर हार-जीत के स्थिति साफ हो रहल बा। प्रत्याशियन के समर्थक में उत्साह बढ़त जा रहल बा। मतदान केंद्र के बाहर समर्थक फूल-माला अउर अबीर ले के जश्न मनावे के तैयार बानें।

पटना के वार्ड दू से गीता देवी, वार्ड संख्या 9 से आशीष कुमार शंकर जीत गइल बानें। पटना के वार्ड 10 से गीता देवी, पटना के वार्ड 2 से बबीता कुमारी, पटना के वार्ड 5 से दीपा रानी खान अउर पटना के वार्ड 22 से अनीता देवी जीतल बाड़ी।

पटना वार्ड 66 कांति देवी जीत गइली। उहवें पटना के वार्ड नंबर 42 से कैलाश प्रसाद यादव जीत गइल बानें। पटना के वार्ड 68 से सुनीता देवी जीतल बाड़ी। वार्ड 67 से मनोज कुमार जीतल बानें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]