[the_ad_group id="30365"]

बंगाल: भीड़ के नारेबाजी से खिसियइली ममता बनर्जी, हावड़ा स्टेशन पर मंच पर बइठे से कइली इनकार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी सुक्क के खिसिया गइली। ऊ हावड़ा स्टेशन पर मंच पर बइठे से इनकार कs दिहली। इहां से न्यू जलपाईगुड़ी के खातिर वंदे भारत एक्सप्रेस के हरी झंडी दिखावल जाए के रहल। बतावल जा रहल बा कि रेलवे स्टेशन पर आइल भीड़ में से कुछ लोग जोरदार नारेबाजी कइल। एकरे बाद ममता बनर्जी मंच पs बइठे से इनकार कs दिहली।

रेल मंत्री अश्विनी वैष्णव अउर राज्यपाल सीवी आनंद बोस ममता बनर्जी के शांत करे के कोशिश कइलें। हालांकि, ममता मंच पs नाइ जाए के फैसला कइली अउर मंच के सोझे कुर्सी पर बइठ गइल। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी हावड़ा अउर पूर्वोत्तर के प्रवेश द्वार न्यू जलपाईगुड़ी के जोड़े वाली वंदे भारत एक्सप्रेस के डिजिटल माध्यम से हरिहर झंडी देखवनें।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]